Go to ...
RSS Feed

Archives for February 2016

साधु यादव पर रंगदारी मांगे के अछरंग

लालू के सार साधु यादव पर रंगदारी मांगे के अछरंग लगवले बाड़न पटना के बिल्डर अनिल सिंह. उनकर कहना बा कि उनुका के जान से मरवावे के धमकी देत पचास लाख रुपिया के रंगदारी मांगल गइल बा. ओने साधु यादव केस लिखवले बाड़न कि उनुका पर झूठ अछरंग लगा के बदनाम करे के साजिश होखत

बिहार के हरलाखी विधानसभा उपचुनाव

बिहार के हरलाखी विधानसभा उपचुनाव के आजु आखिरी दिने सगरी गोल आपन पूरा बेंवत लगा दिहले. सीट एनडीए गठबन्हन में शामिल रालोसपा जीतले रहे. एह चलते एनडीए के साख दाँव पर लागल कहल जा सकेला. लालू नीतीश के महागठबन्हनो पूरा जोर लगवले बावे एह सीट पर काबिज होखे ला.

एशियाई खेल में भारत के दबदबा

एशियाई खेलन के आजु चउथका दिने सभकर निगाह शिलॉग में तीरंदाजी के मैदान पर होखी जहवाँ मरदन आ मेहरारुवन के कंपाउंड इंडिविजुअल इवेन्‍ट्स के फाइनल में अभिषेक वर्मा आ रजत चौहान का सोझा खेलीहें पुर्वाशा आ ज्योति. कंपाउंड टीम आ मिक्स्ड इवेंट्सो में भारते के टीम फाइनल में खेली. आजुओ भारत के मिलेवाला पदकन के

लोजपा नेता के हत्या का केस में पुलिस सुबोध राय के धइलसि

लोजपा नेता बृजनाथी सिंह के हत्या का केस में पुलिस राघोपुर इलाका से सुबोध राय के गिरफ्तार क लिहले बिया. ओकरा साथे आठ जने अउर धराइल बाड़ें आ पुलिस बाकिओ अपराधियन के धरे में लागल बिया. लोजपा के कहना बा कि बिहार में जंगल राज वापसी के मुद्दा संसद के बजट सेशन में उठावल जाई.

कुहासा का चलते बन्द सगरी ट्रेन फेरु से चले लगीहे सँ

पूर्वोत्तर रेलवे के गोरखपुर मुख्यालय के कहना बा कि कुहासा का चलते बन्द भइल सगरी ट्रेन अब फेरू चले लगीहें सँ. रेलवे के कहना बा कि मौसम में आइल बदलाव आ आगे के अन्दाजा लगा के ई फैसला कइल गइल बा.

यूपी के मंत्री कैलाश यादव के फालिज मरलसि

पंचायती राजमंत्री कैलाश यादव के काल्हु अतवार का दिन उनुका गाजीपुर जिला में जैतपुरा आवास पर फालिज मार दिहलसि. दाहिना तरफ पड़ल एह पैरालिसिस से ऊ कोमा में चल गइल बाड़ें. उनकर खराब हालत देखत बाबतपुर हवाई अड्डा से हवाई एम्बुलेन्स से दिल्ली के मेदांता अस्पताल चहुँपावल गइल बा.

मौनी अमावस के नहान आजु

इलाहाबाद में गंगा, यमुना आ पौराणिक सरस्वती नदियन के संगम पर चलत माघ मेला के मुख्य नहान आजु मौनी अमावस के चलत बा. लाखों श्रद्धालु मेला क्षेत्र में पहुंच के नहान में शामिल होखत बाड़ें. लाखों लोग नदी तालाब ना जा के घरहीं में श्रद्धा से नहान के परंपरा निभा लेत बाड़ें. एही में मेला

जइसन बहे बयार पीठ तब तेने करिये

यूपी के ब्लाक प्रमुखन के चुनाव में समरथ सपा का सोझा खड़ा होखे के जरुरते ना समझले विपक्षी. काहे कि एह वोट में जनता वोट ना देव, चुनाइल प्रतिनिधिए लोग वोट देला आ पहिलहीं से मालूम रहेला कि केकर कतना वोट बा. काल्हु यूपी के 74 जिलन के ब्लाक प्रमुख चुनाव में चालीस फीसदी जगहा

संत सभा के राय कि योगी आदित्यनाथ के मुख्यमंत्री का रूप में पेश कइल जाव

गोरखपुर के गोरखनाथ मंदिर में चलत राष्ट्रीय संत सभा के बइठक में कहल गइल कि भाजपा गोरक्षपीठाधीश्वर आ गोरखपुर सदर से सांसद महंत योगी आदित्यनाथ के यूपी के अगिला मुख्यमंत्री बना के पेश करो. संत सभा के कहना बा कि सुप्रीम कोर्ट से मंदिर निर्माण के पक्षो में फैसला आ जाव तबो सपा-बसपा वालन के

चालू हो गइल दीघा रेल सह सड़क पुल

पटना से उत्तर बिहार के जोड़े वाला दीघा रेल पुल बुध को दिने चालू क दिहल गइल. रेलवे एह पुल से अबहीं छह जोड़ी ट्रेन चलावे के एलान कइले बिया. ई ट्रेन पाटलिपुत्र जंकशन से सोनपुर, बरौनी, गोरखपुर आ रक्सौल-नरकटियागंज ले चलावल जइहें स. एहमें दू गो नया ट्रेन हईं स आ बाकी के मार्ग

एक त बाँड़ अपने गइलें नव हाथ के पगहो ले गइलें

वाराणसी में चलत सेना बहाली रैली में फर्जी प्रवेश पत्र बनवा के घुसल दू गो नवहियन से जब कागज माँगल गइल त बैग ले के आवे के बात कह के दुनू ओहिजा से सरक लिहलें आ आगा जा के भाग परइलें. बाकिर धरा गइल ओहनी के ऊ दोस्त जवना के प्रवेश पत्र के फोटोकॉपी करा

चेन खींचे वाला न्यायाधीश का खिलाफ केस

आजमगढ़ के अपर जिला न्यायाधीश का खिलाफ रेलवे चेन पुल करे का आरोप पर केस दर्ज क लिहले बिया. भइल ई रहुवे कि एडीजे के बैग कैफियत एक्सप्रेस में मंगल का रात चोरी हो गइल त ऊ कन्ट्रोल रूम के खबर कइला का बाद चेन खींच के शुक्लागंज पर ट्रेन रोकवा दिहलन. आरपीएफ के सिपाही

जिलाधिकारियन के लखनऊ आवे पर रोक

यूपी राज्य निर्वाचन आयोग राज्य के जिलाधिकारियन के लखनऊ आवे पर रोक लगा दिहले बावे. काहे कि राज्य में 7 फरवरी के ब्लॉक प्रमुखन के चुनाव होखे जात बा. एही बीच मुख्यमंत्री आवास पर 6 फरवरी के होखे वाला आयोजन ला बोलावल रहे. एह आयोजन में राजस्व संहिता के विमोचन कइल जाई. जब एह बात

दुर्घटना आ अपराध के खबर

बस्ती जिला के वाल्टरगंज इलाका के खरखरा गांव का नियरा एगो गाड़ी के धक्का से दुपहिया सवार दू जने के ठाँवे पर मौत हो गइल बलिया के भीमपुरा इलाका के अहिरौली गाँव का लगे ट्रक से गिट्टी उतारत घरी भहरात गिट्टी संगे गिरे से बाँचे खातिर एगो मजदूर हड़बड़ी में उपर से जात बिजली के

दीघा रेल पुल पर आजु से ट्रेन के नियमित आवाजाही

उत्तर आ दक्खिन बिहार के जोड़े वाला दीघा रेल पुल पर आजु से ट्रेन के नियमित आवाजाही होखे लागी. पूर्व मध्य रेलवे के महाप्रबंधक ए. के. मित्तल पहिला चरण में पाटलिपुत्र जंक्शन से सोनपुर का बीच चले वाली सवारी गाड़ी के हरियर झंडी देखा के रवाना करइहें. बतावल जात बा कि एह पुल से जल्दिए

खुशी से मर ही जाते जो एतबार होता

यूपी के ऊर्जा राज्य मंत्री शैलेन्द्र यादव ललई काल्हु जौनपुर में पत्रकारन के बतवलन कि अगिला 15 मार्च से राज्य के सगरी गांवन में चौदह जाई. आ अक्टूबर महीना से गांवन के सोलह घंटा आ शहरन के बीस से बाईस घंटा बिजली मिलल करी. उनकर कहना रहुवे कि राज्य के मौजूदा सरकार के समय जतना

14 गो जिला सहकारी बैंकन ला धन अगिला बजट में

इलाहाबाद, वाराणसी, गाजीपुर, जौनपुर अउर देवरिया समेत यूपी के 14 गो जिला सहकारी बैंकन ला अगिला बजट में धन मुहैया करा देबे के बात आजु प्रदेश के सिंचाई अउर सहकारिता मंत्री शिवपाल सिंह यादव जौनपुर में संवाददातन के बतवलन. शिवपाल सिंह कहलन कि एह बैंकन के माली हालत सुधारे ला राज्य सरकार अपना बजट में

भोजपुरी के पुरनका लिपि कैथी के संजोए के काम

नालंदा खुला विश्वविद्यालय में बिहार के सात सौ साल पुरान कैथी लिपि के संजोए के काम शुरू भइल बा. भोजपुरी पहिले एही लिपि में लिखात रहुवे बाकिर बाद में एह लिपि के जानकार कम होखत गइलें आ बहुते कमे लोग एकर जानकार बाँचल बा. गुजराती लिपि आ कैथी में बहुते समानता देखे के मिलेला. एह

छूतहा इंजेक्शन से सात जने के आँख खराब

वाराणसी के सर सुन्दरलाल अस्पताल में छूतहा इंजेक्शन लगला का बाद सात जने के एक आँख के रोशनी चल गइल. बतावल जात बा कि साढ़े तेइस हजार रुपिया में एगो खास दुकान से खरीदवा के मँगावल एके वायल से एह सभके इंजेक्शन लगावल गइल रहे. डाक्टर के कहना बा कि एके आदमी के लागे वाला

Older Posts›› ‹‹Newer Posts