Month: March 2016

बिहारी पियक्कड़ अब यूपी आइल करीहें

1 अप्रैल से बिहार में शराब बन्दी होखे आ यूपी में पहिले से सस्ता हो गइला का चलते अब नियमित रूप से आवा लगीहें. दुनू राज्य एक दोसरा से सटल…

छपरा के जेपी विश्वविद्यालय में शिक्षकन के बहुते पद खाली

छपरा के जयप्रकाश विश्वविद्यालय के प्रमुख कॉलेज आ नैको से मान्यता वाला राजेन्द्र कॉलेज में शिक्षकन के 157 स्वीकृत पद पर एह घरी महज 24 गो शिक्षक मौजूद बाड़ें. एह…

गाजीपुर से दिल्ली ला हप्ता में 3 दिन चली एगो नया ट्रेन

अगला महीना से गाजीपुर सिटी रेलवे टीसन से दिल्ली खातिर हप्ता में तीन दिन चले वाली एगो नया ट्रेन शुरू करे के एलान रेल राज्यमंत्री मनोज सिन्हा परसों गाजीपुर के…

बड़का बेटा सीएम, बड़की पतोह सांसद त अब छोटकी पतोह के विधायक बनइहें मुलायम सिंह

साइकिल से चले वाला मास्टर से जिनिगी शुरु करे वाला सपा मुखिया के बढ़िया से मालूम बा कि राजनीति के धंधा में कतना फायदा बा. लोहिया के चेला होखे के…

विधानसभा चुनाव से पहिले गोटी सेट करत 67 आई.ए..एसन के तबादला

यूपी के सपा सरकार अगिला साल होखे डात विधानसभा चुनाव के तइयारी करत 67 गो बड़का अधिकारियन के हेने से होने कर दिहले बिया. एह फेरबदल का बाद यूपी के…

सोशल मीडिया में कमजोर पड़ेवालन के विधायकी के टिकट ना मिली

सोशल मीडिया के ताकत देखत भाजपा अपना नेता लोग के फरमान जारी कइले बिया कि विधायकी के टिकट चाहीं त फेसबुक पर कम से कम 25000 फालोवर देखावे के पड़ी.…

शराब बेचे वाला दूध बेचे ला तइयार नइखन

बिहार में 1 अप्रेल से शराबबन्दी लागू होखे जात बा. एह चलते शराब बेचेवाला करीब 2000 दूकान बंद हो जइहें सँ. सरकार के कहना रहे कि हर दुकानदार के सुधा…

जमीन के धंधा करे वाली मेहरारू के खून

मिर्जापुर शहर के विजयपुर कोठी मुहल्ला में मंगल का रात करोड़न के संपति के मालकिन 45 बरीस के मीना सिंह के मुँह में कपड़ा ठूंस के मुआ दीहल गइल. मौकाए…

बलिया के बक्सर से जोड़े वाला सेतु पर काम तेजी से चालू

यूपी के बलिया जिला के बिहार के बक्सर जिला से जोड़े वाला जनेश्वर मिश्र सेतु पर काम तेजी से लागल बा आ सरकार के दावा बा कि अगिला साल अप्रेल…

पूर्वांचल के कारोबारी के टैक्स चोरी पकड़ाइल

वाराणसी आ भदोही में स्टील आ शिपिंग के कारोबार करे वाला वेद अग्रवाल किहाँ काल्हु आयकर वाले छापा मरलें त ओकरा घर आ आफिसन से नाहियो त सवा करोड़ रुपिया…

दोस्ते अपना दोस्त के गरदन रेत दिहलसि

मऊ जिला के घोसी इलाका के काजीपुरा गाँव के एगो नवही आसिम के ओकरे संघतिया सलमान ओकरा के पतिराम के बगइचा ले जा के गरदन रेत के मुआ दिहलसि आ…

भुवनेश्वर में भइल बॉल बैडमिंटन प्रतियोगिता में बिहार के जयजय

भुवनेश्वर में भइल 13वां अन्तर्राज्यीय बॉल बैडमिंटन प्रतियोगिता में बिहार के पुरुष आ महिला टीम अपना अपना वर्ग के फाइनल खिताब जीत लिहलें. पुरुष टीम मेजबान ओडिसा टीम के 36-34…

मैट्रिक परीक्षा में मुन्ना भाई रैकेट

सिवान जिला के महाराजगंज में मैट्रिक परीक्षा में दोसरा का नाम पर परीक्षा देबे वाला एगो रैकेट के खुलासा करत पुलिस शनिचर का दिने गणित के परीक्षा में गोरख सिंह…

बिहार के विकास में राजनीति ना होखी

काल्हु गोपालगंज के जादोपुर में गोपालगंज बेतिया पुल के उद्घाटन करत बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहलन कि बिहार के विकास में राजनीति ना होखी आ सभे मिल के विकास…

पटना लखनऊ सुपर फास्ट

आजु से पटना तखनऊ का बीच दीघा पुल होखत एगो सुपर फास्ट एक्सप्रेस चलल शुरु हो गइल. ई ट्रेन पाटलीपुत्र से खुल के दिघवारा छपरा सिवान देवरिया गोरखपुर होखत लखनऊ…

बलिया न्यूज, 9 मार्च 16

यूपी विधान परिषद के नयका चुनाइल सदस्यन के किरिया धरावल गइल आजु यूपी विधान परिषद के 35 गो नयका चुनाइल सदस्यन के सदस्यता के किरिया धरावल गइल. किरिया धरावे के…

सोनपुर के बाकरपुर में डकैत दू आदमी के जान लिहले

सारण जिला के सोनपुर इलाका के बाकरपुर गांव में मंगल का रात दू गो घर में डकैती डाल के लाखों रुपिया के गहना आ नकजी लूट ले गइले सँ डकैत…

भोजपुरी पट्टी से अपराध आ हादसा के खबर

भदोही जिला में गोपीगंज इलाका के सेमराध मोड़ पर एगो टेम्पो आ ट्रैक्टर के टकरइला से टेम्पो में सवार माई-बेटी के ठावें पर मौत हो गइल. भोजपुर जिला के गजराजगंज…

सांसद मोदी एगो अउर गाँव के गोदी लिहलें

सांसद आदर्श ग्राम योजना के तहत अपना निर्वाचन क्षेत्र वाराणसी के एगो अउर गांव के विकसित करे बदे प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी ओकरा के गोदी ले लिहलें. ई गाँव ह पिछड़ा…