web analytics

यूपी विधान परिषद के चुनाव में सपा के जलवा कायम रहल

आजु यूपी विधान परिषद के स्थानीय निकाय वाला 28 गो सीटन पर पड़ल वोट गिनला का बाद 23 गो पर सपा के जीत भइल बा. भाजपा के एको सीट नइखे मिलल बाकिर सबले अधिका लड़ाई ओकरे से लउकत बा. 8 गो पर सपा पहिलहीं निर्विरोध जीतल रहे.
इलाहाबाद सीट से वासुदेव यादव (सपा), आजमगढ़ से राकेश यादव (सपा), वाराणसी सीट से निर्दलीय बृजेश सिंह, मिर्जापुर से सपा समर्थित रामलली मिश्र, गाजीपुर से निर्दलीय चंचल सिंह, बस्ती-सिद्धार्थनगर सीट से संतोष यादव (सपा), गोरखपुर से सपा के बागी सी.पी. चन्द, गोण्डा से सपा के महफूज खान, आ बलिया से सपा के रविशंकर सिंह जीतल बाड़े.

 230 total views,  10 views today

%d bloggers like this: