भोजपुरी पट्टी से अपराध आ हादसा के खबर

भदोही जिला में गोपीगंज इलाका के सेमराध मोड़ पर एगो टेम्पो आ ट्रैक्टर के टकरइला से टेम्पो में सवार माई-बेटी के ठावें पर मौत हो गइल.

भोजपुर जिला के गजराजगंज में काँवरियन के कोइलवर से ब्रह्मपुर ले जात में एगो बस पलट गइल जवना चलते नाहियो त एक दर्जन लोग घवाहिल हो गइलें.

गोपालगंज के मांझागढ़ इलाका के प्रतापपुर में कुख्यात बदमाश अबरैन मियां के घर पर छापा मारे गइल पुलिस वालन पर फा.रिंग करत बदमाश भाग निकलले सँ आ पुलिस का हाथे महज कुछ कारतूस आ एगो एके-56 लाग के रहि गइल. कवनो पुलिस वाला घवाहिलो ना भइलें.

बिहार के पंचायत चुनाव से पहिलहीं चुनावी हिंसा शुरु हो गइल बा. काल्हु रात कुछ बदमाश कैमूर जिला के कुदरा इलाका में बघेल गांव का नि.रा बाजार से लवटत एगो आदमी के गोली मार के जान ले लिहलें. मरेवाला बृजनंदन पासवान घटाव पंचायत से मुखिया पद ला परचा दाखिल करे वाला रहलन.

बिहार के गँवई इलाका में स्वास्थ्य सुविधा बेहतर करे ला अस्पतालन में पांच हजार एएनएम नर्सन के बहाली कोखे वाला बा.

कैमूर जिला के मोहनियां के एगो सोना व्यापारी सुरेन्द्र सेठ के हत्या के दू गो आरोपि.न के पुलिस गिरफ्तार कर लिहले बिया.

मौसम के जानकारी में बतावल गइल बा कि पश्चिमी विक्षोभ का चलते बक्सर, सहरसा, भभुआ, रोहतास, औरंगाबाद समेत बिहार के कई इलाका में बूना बूनी हो सकेला.

पश्चिम चंपारण जिला के श्रीनगर पूजहा इलाका के राजघाट गोबराही गांव में ऊँख लदले ट्रैक्टर ट्रॉली पलटला से एगो मेहरारु के मौत हो गइल. दू जने घवाहिलो भइल बाड़ें.

पूर्वी चंपारण जिला के रक्सौल इलाका से मनोकामना मंदिर का लगे से पुलिस साढ़े तीन किलो चरस का साथे एगो तस्कर बंका पासवान के गिरफ्तार क
लिहलसि.

कैमूर जिला के कुदरा इलाका के सिलौंधा गांव में अगलगी का घटना में चार गो घर राख हो गइल आ कुछ मवेशी झँउस गइले.