web analytics

बलिया न्यूज, 9 मार्च 16

यूपी विधान परिषद के नयका चुनाइल सदस्यन के किरिया धरावल गइल

आजु यूपी विधान परिषद के 35 गो नयका चुनाइल सदस्यन के सदस्यता के किरिया धरावल गइल. किरिया धरावे के काम कार्यवाहक सभापति ओम प्रकाश शर्मा कइलन. बाद में मुख्यमंत्री अखिलेश यादव, सभापति ओम प्रकाश शर्मा आ विपक्ष के नेता नसीमुद्दीन सिद्दीकी सभका के बधाई दिहलें.

वाराणसी से चुनाइल बृजेश सिंह आजु ना आ पवलन काहे कि ऊ जेल में बन्द बाड़न.

10 मार्च से दू दिन ला ग्रामीण बैंकन के कर्मचारी हड़ताल पर रहीहें. ई लोग राष्ट्रीयकृत बैंकन के कर्मचारियन से बरोबरी खोजत बा.

बलिया जिला के सहतवार इलाका के बलेउर गांव में आजु एगो मेहरारू अपना दू गो बचवन समेत आग लगा के जर मरल. बचवा त ओहिजे मर गइले सँ जबकि ओह मेहररुई के मौत अस्पताल में आ के भइल. पारिवारिक विवाद का चलते ई हादसा भइल बा.

 495 total views,  5 views today

%d bloggers like this: