web analytics

जमीन के धंधा करे वाली मेहरारू के खून

मिर्जापुर शहर के विजयपुर कोठी मुहल्ला में मंगल का रात करोड़न के संपति के मालकिन 45 बरीस के मीना सिंह के मुँह में कपड़ा ठूंस के मुआ दीहल गइल. मौकाए वारदात पर मिलल सबूत देख के लागत बा कि कवनो जाने पहचान वाला आदमी ई खून कइले होखी.
बतावल जात बा कि मीना सिंह के बिआह ना भइल रहे आ उनुका लगे करोड़न के संपति रहल जवना पर गिद्धन के आँख गड़ल रहुवे. मीना सिंह के छोट बहिन जया सिंह तहरीर देके एगो कॉलोनाइजर पर शक जतवले बाड़ी.

 315 total views,  5 views today

%d bloggers like this: