web analytics

सोशल मीडिया में कमजोर पड़ेवालन के विधायकी के टिकट ना मिली

सोशल मीडिया के ताकत देखत भाजपा अपना नेता लोग के फरमान जारी कइले बिया कि विधायकी के टिकट चाहीं त फेसबुक पर कम से कम 25000 फालोवर देखावे के पड़ी.
एह एलान का बाद अब भाजपा के नेता लोग फेसबुक पर सक्रिय होखे में लाग गइल बा. असल में भाजपा ओह लोग से परेशान बिया जे कवनो बड़का नेता के गणेश परिक्रमा क के टिकट हथिया लेले आ आम जनता आ कार्यकर्तन से सरोकार ना राखसु. अब ओह लोग के आम आदमी के करीब रहे के पड़ी आ ओह लोग के शिकवा शिकायतन पर कामो करे के पड़ी.

 100 total views,  5 views today

%d bloggers like this: