Go to ...
RSS Feed

Archives for March 2016

यूपी विधान परिषद के चुनाव में सपा के जलवा कायम रहल

आजु यूपी विधान परिषद के स्थानीय निकाय वाला 28 गो सीटन पर पड़ल वोट गिनला का बाद 23 गो पर सपा के जीत भइल बा. भाजपा के एको सीट नइखे मिलल बाकिर सबले अधिका लड़ाई ओकरे से लउकत बा. 8 गो पर सपा पहिलहीं निर्विरोध जीतल रहे. इलाहाबाद सीट से वासुदेव यादव (सपा), आजमगढ़ से

यूपी विधानसभा पहिला बेर अतवार के बइठल

यूपी विधानसभा के बइठक आजु पहिले बेर अतवार का दिने भइल आ एहमें कई गो महत्व वाला दस्तावेज पेश कइल गइल. साल 2013 के मुजफ्फनगर दंगा के जांच ला बनावल विषणु सहाय आयोग के रपट, नियंत्रण एवं महालेखा परीक्षक कैग के चार गो रपट आ अलीगढ़ के टप्पल में किसानन पर भइल गोलीबारी के जांच

बिहार से अपराध आ हादसा के खबर

रोहतास जिला के सुरजपुर इलाका के बारुना गाँव में काल्हु शनिचर का रात बारात देखत घरी एगो घर के छत गिर गइला का चलते दू जने के मौत हो गइल आ दू दर्जन लोग घवाहिल हो गइल. मरे वाला बाप बाटी रहलें. सारण जिला के एकमा इलाका में कुछ बदमाश काल्हु तेजाब फेंक के तीन

पंचायती चुनाव के अधिसूचना जारी

बिहार के पंचायती राज संस्थावन के पदन – मुखिया, सरपंच, पंच, ग्राम पंचायत वार्ड सदस्य, आ पंचायत समिति सदस्य – ला होखे वाला चुनाव के पहिलका दौर ला अधिसूचना आजु जारी हो गइल. राज्य निर्वाचन आयोग के सचिव दुर्गेश नंदन बतवले बाड़न कि 60 गो प्रखंडन में काल्हु से नामांकन के काम शुरू हो जाई.

सिवान के साहब के जमानत मिल गइल

सिवान के राजद नेता आ सांसद रह चुकल मोहम्मद शहाबुद्दीन के आजु पटना उच्च न्यायालय से चर्चित तेजाब हत्याकांड मामिला में जमानत मिल गइल. मोहम्मद शहाबुद्दीन के एह मामिला में निचली अदालत दोषी मान लिहले बिया. बाकिर एकरा बावजूद साहब जेल का बहरी ना आ पइहें काहे कि ऊ कुछ अउर मामिलन में सजा काटत

एह साल के केन्द्रीय बजट में सोना आ…

एह साल के केन्द्रीय बजट में सोना आ हीरा के गहनन पर एक फीसदी के उत्पाद कर लगवला का खिलाफ गहना कारोबारी आजु से तीन दिन के हड़ताल पर चल गइल बाड़ें. एह लोग के कहना बा कि विरोध टैक्स ले अधिका उत्पाद अधिकारियन के इंसपेक्टर राज का खिलाफ बा.

कोपा में दू जने के मौत

बिहार के सारण जिला के कोपा इलाका के साईं पुल का नियरा एगो ट्रैक्टर ट्रॉली पलट गइल आ दू जने के ओहिजे मौत हो गइल.

बिहार के सगरी उप डाकघरन में एटीएम

बिहार के उप डाकघरन में अगिला साल मार्च ले एटीएम लगा दीहल जाई. एह बात के जानकारी बिहार के चीफ पोस्टमास्टर जनरल मीडिया के दिहलन. बतवलन कि 622 उप डाकघर के कोर बैंकिंग सेवा से जोड़ल जा चुकल बा. डाक विभाग अपना सगरी बचत खाता धारकन के एटीएम कार्ड मुहैया कराई.

बिहार विश्वविद्यालय के कुलपति रहल प्रोफ़ेसर राजदेव सिंह के निधन

सीवान के राजा सिंह कॉलेज के संस्थापक प्राचार्य, भाजपा नेता आ बिहार विश्वविद्यालय के कुलपति रहल प्रोफेसर राजदेव सिंह के काल्हु लमहर बीमारी का बाद निधन हो गइल। दुनु किडनी खराब भइला का चलते नियमित डायलिसिस के जरूरत पड़त रहुवे।

धोती गमछी के सरकार वाला बजट

एक बरीस से सूट बूट वाली सरकार होखे के तोहमत झेलत मोदी सरकार अपना तिसरका बजट में साबित क दिहलसि कि ई धोती गमछी के सरकार हिय जे किसानन के सूट बूट पहिरे जोग बनावल चाहत बिय। पेश बा आजु के आम बजट 2016-17 के खास खास बाति – व्यक्तिगत आयकर स्लैब में कवनो बदलाव

‹‹Newer Posts