बिहार सरकार अधिसूचना जारी क के आजु मंगल का दिन से बिहार में हर तरह के शराब पर रोक लगा दिहलसि.
पहिले खाली देशी शराब पर रोक लगाने के फैसला भइल रहुवे जवना का बाद विपक्ष नाराजगी जतावत रहे. मजबूरन बिहार सरकार हर तरह के शराब पर रोक लगा दिहलसि. अव पियक्कड़न ला ताड़ियो दुर्लभ क दीहल गइल बा.
मिलिट्री कैन्टोनमेंट का अलावे अब कवनो जगहा शराब ना बेचल जा सकी. बाकिर पियक्कड़ खातिर हर पखवारे दू बोतल शराब के परमिट देबे के फैसला भइल बा.
पूरा शराबबन्दी करे वाला पाँचवा राज्. बल गइल बा अब बिहार. गुजरात, नागालैंड, मणिपुर अउर केरल में पहिले से शराबबन्दी लागू बा.
450 total views, 2 views today