web analytics

एक त बाँड़ अपने गइलन, नौ हाथ के पगहो ले गइलन

आजु सोमार का दिने छपरा-सोनपुर रेलखंड के डुमरी जुआरा बुजुर्ग हाल्ट का नियरा एगो नवही के ट्रेन से कटा के मौत हो गइल. आ ओकरा के बचावे का फेर में एगो मेहरारुओ कटा गइल.

बतावल जात बा कि डुमरी जुअरा स्टेशन से पूरब कोठेया गांव का लगे सबेरे नौ बजे का लगभीर एगो नवही मोबाइल पर हेडफोन लगा के गाना सुनत रेल लाइन पार करत रहुवे. ओही घरी पाछा से डीएमयू ट्रेन आवत देख एगो मेहरारू दउड़ के ओकरा के बचावे के कोशिश कइलसि बाकिर बचावे का फेर में अहनो जान दे दिहलसि.

मरे वाली मेहरारू के पहिचान कोठेया गांव के शोभनाथ राय के बेटी विजांती देवी के रूप में भइल बा बाकिर ओह नवही के पहिचान नइखे भइल. अवतारनगर पुलिस दुनू लाश के थाना ले गइल.

 378 total views,  2 views today

%d bloggers like this: