web analytics

बलिया में चन्द्रशेखर जयंती मनल

काल्हु अतवार का दिने देश के प्रधानमंत्री आ बलिया के सांसद रहल स्वर्गीय चन्द्रशेखर के जयंती बलिया के चन्द्रशेखर उद्यान में मनावल गइल. एह मौका पर आयोजित हाफ मैराथन में बहुते नवही जोशोखरोश को साथे शामिल भइलें.
बलिया के वासुदेव निषाद 21.1 किलोमीटर के एह दौड़ के 1 घंटा 4 मिनट 22 सेकेऩ्ड में पूरा क के पहिला नंबर पर अइलें. बलिये के अनिल यादव 1 घंटा 4 मिनट 29 सेकेऩ्ड में आ गोरखपुर के प्रदीप कुमार 1 घंटा 4 मिनट 57 सेकेऩ्ड में पूरा क के दोसरका आ तिसरका जगा पर अइलें.

 443 total views,  2 views today

%d bloggers like this: