Go to ...
RSS Feed

सोनिया गाँधी पर मोदी के हत्या के साजिश रचे के आरोप


Shuja-Pashaदेश के पिछलका मनमोहन सिंह सरकार के दस बरीस के शासन का दौरान सर्वेसर्वा रहल सोनिया गाँधी पर काल्हु ट्वीटर पर आरोप लगावल गइल कि ऊ पाकिस्तानी खुफिया एजेन्सी आईएसआई के चीफ अहमद शूजा पाशा के इशारा पर नाचत रहली. खुलासा करे वाला डा0 जी0 प्रधान के कहना बा कि मिलान शहर में भइल बइठक में सोनिया गाँधी आ उनकर राजनीतिक सलाहकार अहमद पटेल मौजूद रहलन. एह बईठक में शूजा पाशा हुकुम दिहलन कि इशरत जहाँ के आतंकी बतावेवाला एफीडेविट बदल के ओकरा के निर्दोष बतावल जाय. पाशा के एह हुकुम का बादे ओह घरी केन्द्रीय गृहमंत्री रहल ओह एफीडेविट में संशोधन कर दीहलें.
नरेन्द्र मोदी के जान लेबे खातिर बनल योजना इशरत आ ओकरा साथी आतंकियन के मार गिरवला का साथे बेकार हो गइल. मुंबई हमला का पाछे योजना रहुवा कि ओकरा के हिन्दू आतंकियन का माथे मढ़ दीहल जाई बाकिर कसाब जिन्दे धरा गइल जवना चलते इहो योजना आपन मकसद पूरा ना कर सकल. सोनिया गाँधी के हुकुमत का दौरान हिन्दूवन के बरबाद-बदनाम करे के योजना पर काम चलत रहल आ एही काम ला भगवा आतंक के शब्द गढ़ावल गइल रहुवे.
एह खुलासा का साथे खुलमखुल्ला आरोप लगावल गइल बा कि ऊ हर हाल में ओह घरी गुजरात के मुख्यमंत्री रहल नरेन्द्र मोदी के खतम करावल चाहत रहली. सवाल उठावल गइल बा कि आखिर कवना मजबूरी में सोनिया गाँधी पाशा के हुकुम मानत रहली. ई सगरी खुलासा करे वाला के शक बा कि अब राबर्ट वाड्रा के जान पर खतरा बा आ ऊ केन्द्र सरकार से गोहार लगवले बाड़न कि राबर्ट के भरपूर सुरक्षा दीहल जाव.
सबले खास बात ई कि एह खुलासा पर सोनिया कैंप का तरफ से सन्नाटा पसरल बा.
एह खुलासा के सिलसिलेवार पढ़े खातिर रउरा एह लिंक पर जा सकीलें –

https://storify.com/drgpradhan/ishrat-jahan-secret-never-told

Tags: , , ,

More Stories From अपराध

%d bloggers like this: