web analytics

जंगीपुर आ बिलारी विधानसभा सीट पर उपचुनाव के एलान

उत्तर प्रदेश के दू गो सपा विधायकन के असमय मौत का चलते खाली पड़ल सीटन पर उपचुनाव के अधिसूचना आजु जारी हो गइल आ एकरा साथही गाजीपुर आ मुरादाबाद जिला में अचार संहिता लागू हो गइल बा.

गाजीपुर के जंगीपुर विधानसभा सीट राज्य के पंचायतीराज मंत्री कैलाश यादव के निधन का चलते खाली पड़ल बा जबकि मुरादाबाद के बिलारी सीट से विधायक मो. इरफान के सड़क हादसा में भइल मौत का चलते.

एह दुनू सीट ला 29 अप्रैल ले परचा दाखिल कइल जा सकेला. 30 तारीख के परचन के जाँच होखी आ ओकरा बाद अगर जरुरत पड़ल त 16 मई के वोच करावल जाई. 19 मई के वोट के गिनती होखी आ ओही दिने परिणामो आ जाए के उमेद बा.

बसपा का तरफ से पहिलही एलान हो गइल बा कि साल 2017 में होखे वाला विधानसभा चुनाव से पहिले कवनो उपचुनाव बसपा ना लड़ी.

 476 total views,  5 views today

%d bloggers like this: