Go to ...
RSS Feed

Archives for May 2016

छपरा न्यूज, 29 मई 2016

जेपी विश्वविद्यालय के तिसरका दीक्षान्त समारोह में बिहार के राज्यपाल आ कुलाधिपति रामनाथ कोविंद जी का हाथे 14 गो छात्रावन समेत कुल्ह 267 गो विद्यार्थियन के उपाधि दीहल गइल. एह मौका पर कुलाधिपति कोविंद सारण के माटी के सपूतन – देशरत्न राजेन्द्र प्रसाद, मजहरुल हक, गौतम ऋषि, ऋषि दधिचि, राजा मोरध्वज, भिखारी ठाकुर, राहुल सांस्कृत्यायन,

बलिया न्यूज, 29 मई 2016

ट्रैफिक रुल मानत एगो ट्रक काल्हु बलिया में कटहर नाला पर बनल पुरनका पुल पर चढ़ गइल आ बरीसन से आवाजाही बन्द वाला पुल ट्रक समेत भहरा गइल. जर्जर रहला का बावजूद नेशनल हाईवे अथारिटी पुल पर कवनो चेतावनी बोर्ड नइखे लगवले. एही कारण अनजान ट्रक ड्राइवर बाँए तरफ चलत एह पुल पर चढ़ आइल.

टटका टटका

मोतिहारी से तीन हप्ता से गायब रहल नीरज उपाध्याय आजु शनिचर का दिने पचपकड़ी ओपी के बेलवा घाट पर बागमती नदी का किनारे बोरे में बंद क के फेंकल मिलले. इनकर उलाज ढाका रेफरल अस्पताल में कइल जा रहल बा. लागत बा कि किडनैपर पुलिसिया दबाव का चलते इनका के फेंक भगले सए.

छपरा न्यूज, 28 मई 2016

प्रधानमंत्री उज्ज्वला योजना के बिहार में शुरूआत मुजफ्फरपुर जिला से होखी आ ओकरा बाद जून ले एकरा के सगरी जिलन में लागू क दिहल जाई. गैस कनेक्शन आ सिलिण्र बिना दाम लिहले दीहल जाई बाकिर चूल्हा आ गैस के दाम लीहल जाई. बक्सर डेयरी सोन नहर, औरंगाबाद आ पटना के नहरन का दुनू कगार पर

बलिया न्यूज, 28 मई 2016

गोरखपुर में काल्हु केन्द्रीय मानव संसाधन विकास मंत्री स्मृति ईरानी, जहाजरानी अउर परिवहन राज्य मंत्री पी. राधाकृष्णन, आ गोरखपुर से भाजपा सांसद योगी आदित्य उज्जवला योजना के शुरूआत करवलें. एह याजना में गरीब परिवारन के बिना कवनो देम लिहले रसोई गैस के कनेक्शन दिहल जा रहल बा. एह मौका पर 25 गो गरीब परिवारन के

बहिन के मरला पर बहनोई का खिलाफ केस कइलसि साला

गोरखहुर के बेटी सिवान के बङरा पंचायत में बिआहल रहुवे. कुछ दिन पहिले संदेह जनमावत हालात में ओकर मौत हो गइल. खबर पा के नइहर के लोग चहँपले त ओह लोग के पता लागल कि सलवार सूट पहिरला से ओकर मरद अतना खिसियाइल कि भर मन डंडा से कुटलसि आ ओकरा बाद दवाई का नाम

पत्रकार राजदेव के सराध में ना लउकलें सत्ताधारी

सिवान के पत्रकार राजदेव के सराध का दिने जदयू भा राजद के कवनो नेता ना लउकलें. बाकिर सिवान से भाजपा के सांसद ओमप्रकाश यादव आ सिवान भाजपा जिलाध्यक्ष अभिमन्यु सिंह जरूर हाजिर रहलें. पटना से दैनिक हिन्दुस्तान के संपादक डा. तीर विजय सिंह सहित पटना के संपादकीय टीमो आइल रहुवे परिवार के तोस देबे खातिर.

साहेब अब तारीखो पर सिवान ना आ पइहें

पत्रकार राजदेव रंजन के हत्या के सुराग सिवान जेल तक गइला क बाद सिवान के खूनख्वाह नेता, राजद सांसद रहल शहाबुद्दीन के सिवान जेल से हटा के भागलपुर जेल भेज दीहल गइल बा। अब उनका के कोर्ट का तारीखो पर सिवान ना ले आवल जाई सरकार अइसनका फैसला कइले बिया। एह फैसला से सिवान के

हत्यारा रॉकी के माई कोर्ट में सरेंडर कइली

आपन गाड़ी ओवरटेक करे वाला आदित्य सचदेवा के गोली मार के मुआ देबे वाला अनेरिया रॉकी यादव के माई आ जदयू के विधायिका मनोरमा यादव आज मंगल का भोर में गया के अदालत में सरेंडर क दिहली। सरेंडर का बाद अदालत उनका के 14 दिन के जुडिशियल हिरासत में भेज दिहलसि। मनोरमा के अबहियों उमेद

टटका टटका 16 मई 2016, साँझ

असम में सरब आनन्द बंगाल में निर ममता तमिलनाडु करुणा केरल बांये भागल विधानसभा चुनावन के अटकर पचीसी अइसने कुछ कुछ सुनात बा। बिहार में पत्रकार हत्या के जांच सीबीआई से करावे के कहले नीतीश कुमार।

मरद के नया लिंग लगवले डॉक्टर

अमेरिका के मैसाचुसेट्स जनरल हास्पिटल के डॉक्टर एगो 65 बरीस के मरीज के नया लिंग लगावे के आपरेशन कइले जवन सफल भइल बा। एह तरह के आपरेशन दुनिया में पहिला बेर कइल गइल। एह मरीज के लिंग कैंसर भइला का चलते काट के हटा दीहल गइल रहुवे। मरीज सकुशल बाड़े।

पत्रकार के गोली मार के मुआ दीहल गइल सिवान में

बिहार के लोकप्रिय हिन्दी अखबार हिन्दुस्तान के सिवान ब्यूरो चीफ राजदेव रंजन के कुछ अपराधी टाउन थाना इलाका में ओवरब्रिज का लगे आजु सँझिया करीब साढ़े सात बजे गोली मार दीहलें. गोली मुड़ी से सटा के मारल गइल. एगो गोली माथ में आ दोसर गोली गरदन में लागल. बहुते घवाहिल एह पत्रकार के मौत अस्पताल

अद्भुत खगोलीय घटना बलिया में देखावल जाई

काल्हु बुध का दिने बलिया के तहसीली स्कूल में एगो अद्भुत खगोलीय घटना देखावे के इन्तजाम बलिया के जिला विज्ञान क्लब का ओर से करावल जा रहल बा. बुध के सँझिया करीब पौने पाँच बजे से पौने सात बजे का बीच एह दृश्य के देखल जा सकी. जिला विज्ञान क्लब के समन्यवक सुधीर कुमार सिंह

हवन पर रोक से नाराज नीतीश कुमार नीतीश कुमार के चप्पल मरलसि

आजु पटना में होखत जनता दरबार के दौरान मुख्यमंत्री नीतीश कुमार पर एगो नवही चप्पल फेंक के मरस़लसि जवन मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के छाती पर लागल. नवही के निशाना आ रफ्तार अइसन रहे कि केहु कुछ समझि पावे तब ले ऊ आपन काम क लिहलसि. गनीमत इहे रहल कि एह घटना के कवनो कैमरा पकड़ि

नेता हड़कवले त समर्थक बिदकलें

आजु यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव के बैरिया में सभा के शुरूआत में बोलत बलिया के एगो बड़का नेता सभा में जुटल समर्थकन के हड़कावे लगलन. कहलन कि जे पार्टी के टोपी लगा के नइखे आइल से चुपचाप पीछे चल जाव आ टोपी वालन के आगे आवे देव. उनका कहला का बावजूद जब कार्यकर्ता जमल

अपना पीएम के सुने उमड़ पड़ल बलिया

आम जनता में अपना ‘परम श्रद्धेय’ ‘यशस्वी’ प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी खातिर कतना लगाव बा आजु बलिया ई देखा दिहलसि. भोरहीं से लोग के जत्था जुटल शुरू हो गइल रहे आ जस जस सभा के टाइम नियरात रहुवे तस तस लोग के बेचैनी बढ़ल जात रहुवे समय रहते माल्देपुर चहुँप जाए के. भीड़ के उछाह देखिये