web analytics

अपना पीएम के सुने उमड़ पड़ल बलिया

PM-Modi-at-Ballia
आम जनता में अपना ‘परम श्रद्धेय’ ‘यशस्वी’ प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी खातिर कतना लगाव बा आजु बलिया ई देखा दिहलसि. भोरहीं से लोग के जत्था जुटल शुरू हो गइल रहे आ जस जस सभा के टाइम नियरात रहुवे तस तस लोग के बेचैनी बढ़ल जात रहुवे समय रहते माल्देपुर चहुँप जाए के. भीड़ के उछाह देखिये के बुझा जात रहे कि लोग कवनो नेता से बेसी मोदी के दीवाना बा.

मौका रहुवे देश के पाँच करोड़ निर्धन परिवारन के रसोई गैस के कनेक्शन आ चूल्हा फोकटे में देबे वाली योजना – उज्ज्वला योजना – के शुरुआत के. पीएम मोदी बतवलन कि एह काम ला बलिया एह चलते चुनल गइल कि एहिजा बहुते कम लोग का लगे गैस के कनेक्शन बा. योजना के शुरूआत मंच पर बोला के 10 गो मेहरारुवन के एलपीजी कनेक्शन देके कइल गइल. कहलन कि एगो उहो जमाना रहुवे जब सांसद बनला पर साल भर में 25 गो कनेक्शन देबे के कूपन मिलत रहुवे जबकि एह योजना में साल भर का भितरे डेढ़ करोड़ कनेक्शन दिआए वाला बा.

अपहे संबोधन के शुरुआत भोजपुरी में बोलत कइलन पीएम मोदी. कहलन ‘भृगु बाबा के धरती पर रउवा सभे के परनाम! ई धरती भृगु जी के धरती रहल। सभे के हाथ जोड़ के फेर से परनाम!’ बलिया के धरती के क्रातिकारी धरती बतावत मोदी मंगल पाण्डेय आ चित्तू पाण्डेय के बलिदानो के चरचा कइलन.

आजुवे मई दिवस रहल से मजदूरन के मेहनत आ पसीना बहावे के चरचा करत पीएम मोदी अपना के देश के मजदूर नंबर 1 बतवलन आ कहलन कि मजदूर लोग अब अपना पसीना से दुनिया के जोड़े के काम करो. केन्द्र सरकार के बनावल श्रम कानूनन के चरचा करत कहलन कि इहे सरकार पेंशन बढ़ा के कम से कम एक हजार रुपिया क दिहलसि ना त पहिले केहु के पचास रुपिया त केहु के सौ रुपिया के पेंशन मिलत रहे.

कार्यक्रम के शुरू में केंद्रीय पेट्रोलियम मंत्री धर्मेंद्र प्रधान पीएम मोदी के स्वागत कइलन. कार्यक्रम में उत्तर प्रदेश के राज्यपाल राम नाईक, केंद्रीय मंत्री कलराज मिश्र आ उत्तर प्रदेश के मंत्री राम गोविंद चौधरी मौजूद रहलें.

 168 total views,  2 views today

%d bloggers like this: