आपन गाड़ी ओवरटेक करे वाला आदित्य सचदेवा के गोली मार के मुआ देबे वाला अनेरिया रॉकी यादव के माई आ जदयू के विधायिका मनोरमा यादव आज मंगल का भोर में गया के अदालत में सरेंडर क दिहली। सरेंडर का बाद अदालत उनका के 14 दिन के जुडिशियल हिरासत में भेज दिहलसि।
मनोरमा के अबहियों उमेद बा कि उनकर आका लोग उनका के बचा ली। कहत बाड़ी कि उनका के फँसावल गइल बा।
जान ली कि छापा में उनका घर से शराब के कई गो बोतल मिलल जवन आज के बिहार में बडहन अपराध बा।
375 total views, 5 views today