छपरा न्यूज, 28 मई 2016

प्रधानमंत्री उज्ज्वला योजना के बिहार में शुरूआत मुजफ्फरपुर जिला से होखी आ ओकरा बाद जून ले एकरा के सगरी जिलन में लागू क दिहल जाई. गैस कनेक्शन आ सिलिण्र बिना दाम लिहले दीहल जाई बाकिर चूल्हा आ गैस के दाम लीहल जाई.

बक्सर डेयरी सोन नहर, औरंगाबाद आ पटना के नहरन का दुनू कगार पर खाली पड़ल जमीन पर मलवरी आ सहतूत के पौधा लगावे के प्रस्ताव केन्द्रीय सिल्क बोर्ड पास क दिहले बावे. भागलपुर में सिल्क तकनीकी शोध केन्द्र के शाखा आ सिल्क धागन के यार्ड बैंक खोलहूं के फैसला लीहल गइल बा.

सेना भर्ती में फर्जीवाड़ा रोके खातिर अब आधार कार्ड आ पैन कार्ड जरूरी बना दीहल गइल बा. बहाली का मैदाने पर स्कैनर लगा के आधार कार्ड के जांच क लीहल जाई. एकरा अलावे अब महतारी आ बाप दुनू के नाम दर्ज करावल जरुरी होखी.

राज्य निर्वाचन आयोग के हना बा कि अगिला साल से शहरी निकाय चुनावो में आरक्षण के रोटेशन बदल जाई. अगिले साल ई चुनाव होखे वाली बाड़ी सँ.

बिहार विद्यालय परीक्षा समिति आजु उपरी बेरा इंटर आर्ट्स के रिजल्ट जारी क दी. मैट्रिक परीक्षा के रिजलिट जारी होखे में दू गिन अउर लागी.

काल्हु रात बिहार में अनेके जगहा तेज आन्ही पानी आइल जवना से कई जगहा ट्रांसफर्मर जरला आ तार टूटला का चलते बिजली सप्लाई रुक गइल. मानसून 17 जून ले बिहार चहुँपे के खबर बा.

केरल में होखत राष्ट्रीय यूथ एथलेटिक्स प्रतियोगिता में बिहार अब ले पाँच गो पदक जीतले बा.

राज्यसभा चुनाव में बिहार से राजद का तरफ से लालू प्रसाद के बेटी मीसा भारती आ राम जेठमलानी के टिकट दीहल जाई. पहिले राबड़ी देवी के नाम सुनात रहुवे बाकिर बेटी बाजी मार लिहलसि.

कटिहार जिला के बैद्यनाथपुर दियारा इलाका में गंगा नदी में नाव पलटला से 4 जने के मौत हो गइल आ 2 जने अबहीं ला लापता बाड़ें. बाकी लोग पवँड़ के निकल आइल.

बक्सर का एगो अदालत काल्हु एके परिवार के पांच जने के उमिर कैद के सजा सुनवलसि. ई लोग चार बरीस पहिले आपुसी झगड़ा में तीन आदमी के खून क दिहले रहुवे.

भोजपुर के आरा में पुलिस काल्हु तीन गो तस्करन का लगे से करीब डेढ़ किलो हेरोइन बरामद क के तीनो के गिरफ्तार क लिहलसि.