ट्रैफिक रुल मानत एगो ट्रक काल्हु बलिया में कटहर नाला पर बनल पुरनका पुल पर चढ़ गइल आ बरीसन से आवाजाही बन्द वाला पुल ट्रक समेत भहरा गइल. जर्जर रहला का बावजूद नेशनल हाईवे अथारिटी पुल पर कवनो चेतावनी बोर्ड नइखे लगवले. एही कारण अनजान ट्रक ड्राइवर बाँए तरफ चलत एह पुल पर चढ़ आइल. गनीमत इहे रहल कि बीच रात भइल एह हादसा में केहु घवाहिल ना भइल.
आन्ही बरखा का चलते काल्हुओ गिरल गाछ आ मड़ई पलानी का नीचे दबा के कई लोग के जान चल गइल. बलिया के नगरा में बड़सरा सलेमपुर गाँव के एगो बूढ़ आदमी गाछ गिरला से दबा के मर गइलें त पकड़ी इलाका के गोबरहीं गाँव में एगो बूढ़िया के मौत पलानी का नीचे दबा के हो गइल.
बलिया टीसन पर अब आपन कोच खोजे में एह कोना से ओह कोना ले दउड़े के जरुरत ना पड़ी. अब प्लेटफार्म पर लागल कोच डिसप्ले सिस्टम बतावल करी कि कवन रिजर्व कोच कहवाँ खड़ा होखी. काल्हु बलिया के भाजपा सांसद भरत सिंह कोच डिसप्ले सिस्टम, ट्रेन डिसप्ले सिस्टम, आ स्वचालित टिकट मशीन के उद्घाटन कइलें.
मऊ में डायरिया के बीमारी पसरला का चलते डेढ़ सौ से बेसी लोग एकरा चपेटा में आ गइल बा. करीब पचास गो मरीजन के जिला अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
यूपी से राज्यसभा के एगारह गो सीटन ला होखे वाला चुनाव खातिर काल्हु बसपा का तरफ से सतीश चन्द्र मिश्र आ अशोक सिद्धार्थ आपन परचा दाखिल कइलें. कांग्रेस कपिल सिब्बल के यूपी से टिकट दिहले बिया बाकिर ओकरा लगे जीते जोग वोट नइखे. सुने में आवत बा कि बाकी वोट के जुगाड़ सपा से चिरौरी क के मांग ली कांग्रेस. सपा का लगे अधिका वोट बा.
विधानो परिषद के 13 सीट खातिर वोट होखे वाला बा. काल्हु बसपा के तीन गो उमीदवारन के परचा दाखिल भइल आ अब ले नव जने आपन परचा दाखिल कइले बाड़े. अगर सीट से अधिका लोग परचा दाखिल करी तबे वाट करावे के जरुरत पड़ी.
403 total views, 5 views today