Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

जरूरत बा वालंटियर्स के

भोजपुरी के आनलाइन अखबार टटका खबर के जरूरत बा स्मार्ट फोन राखे वाला वालंटियर्स के जे रोज अपना इलाका के खबर भोजपुरी में दे सको. एह काम में लागेवाला लोगन के कवनो तरह के भुगतान कइल सम्भव नइखे बाकिर मान सम्मान बनावे-बढ़ावे के भरपूर कोशिश रही. इच्छुक लोग अबहियें tatkakhabar@gmail.com प सम्पर्क करो.

RSS Feed

Archives for June 2016

मोतिहारी में बलात्कार का बाद नाराज लोग के बवाल

कुछ दिन पहिले अन्हार में दिशा मैदान करे गइल 21 बरीस के एगो लड़िकी के गाँवे के दू गो बदमाश ध लीहले सँ आ ओकरा संगे मीसामासी कइले सँ. एगो मीसे त दोसरका मोबाइल से वीडियो बनावे. अगिला दिने लड़िकी थाना में शिकायत क दिहलसि त बुध का रात बदमाशन के परिवार के चार जने

माया महाठगिनी हम जानी

बसपा सुप्रीमो मायावती के “दौलत के बेटी” कहत युपी में विपक्ष के नेता स्वामी प्रसाद मौर्या आजु बसपा से इस्तीफा दे दिहलन. कहलन कि मायावती बसपा के नोट छापे वाला मशीन बना लिहले बाड़ी आ रुपिया ले ले के अगिला चुनाव के टिकट बेचत बाड़ी. ओने मुस्लिम वोट बैंक सम्हारे का मोह में सपा यूपी

फादर्स डे पर पापा की बेटी

आजु 19 जून 2016 के दुनिया में फादर्स डे का रुप में मनावल जा रहल बा आ एह मौका पर बिहार हिन्दी साहित्य सम्मेलन का तरफ से पटना में सम्मेलन भवन में एगो सम्मान सह सांस्कृतिक समारोह का आयोजन कइल गइल बा. जवना में हाल में भइल प्रतियोगितन में माथ पर चहुँपल बेटियन का साथ

यूपी चुनाव में भोजपुरी ला संवैधानिक मान्यता के मुद्दा

भोजपुरी समाज, दिल्ली का तरफ से बोलावल एगो अनौपचारिक मुलाकात में भोजपुरी भाषी सांसदन आ पत्रकार लोग जुटल. एह मुलाकात से राय निकलल कि यूपी विधानसभा के अगिला बरीस होखे जात चुनाव में मुद्दा बनवला क जरुरत बा. बइठक में भोजपुरी समाज, दिल्ली के अध्यक्ष अजीत दूबे आ भाजपा सांसद मनोज तिबारी के सक्रिय भागीदारी

कोई लाख करे चतुराई, करम के लेख मिटे ना रे भाई

काल्हु भइल यूपी विधान परिषद का चुनाव में बेंग एने से ओने कुदलें स जरुर बाकिर आखिर में उहे भइल जवन होखे के रहे. भाजपा दोसरा दल के विधायकन के तूड़े में सफल त जरुरे रहल बाकिर ओकरो कुछ विधायक पलटी मार दिहलें. परिणाम इहे रहल कि ओकरा 8 गो वोट के फायदा होखला का

लड्डन मियां नार्को टेस्ट करावे ला तइयार नइखे

कुछ दिन पहिले सिवान के पत्रकार राजदेव रंजन के हत्या का केस में सरगना बतावल जात लड्डन मियां के आजु शुक का दिने सिवान सीजेएम कोर्ट में पेश कइल गइल. ओकरा से नार्को टेस्ट करावे का बारे में पूछाइल कि एहपर ओकर का मन बा त ऊ नार्को टेस्ट करावे से साफे मना क दिहलसि.

विधानपरिषद चुनाव सपा में बगावत

आजु हो रहल वोटिंग में यूपी के सरकार चलावत सपा में बगावत होखे क खबर आवत बा. सपा से निकालल जा चुकल विधायक रामपाल यादव के दावा बा कि नाहियो त एक दर्जन सपा विधायक भाजपा के वोट दिहले बाड़न. सपा के विधायक गुड्डू पंडित अउर मुकेश शर्मा त भाजपा के संगीत सोम का साथे

बिहार के इंटर टॉपर शिक्षा व्यवस्था के पोल खोल दीहलें

बिहार इंटर परीक्षा में टॉप करे वाला साइन्स आ आर्ट्स के टॉपरन के काल्हु इंटरव्यू लीहल गइल. आर्ट टॉपर रुबी राय तबियत खराब होखे का आधार पर अइबे ना कइली. साइन्स के टॉपर अइले त सही बाकिर जवाब देत में पसीना छूट गइल उनकर. कहलें कि अइसन सवाल करब सभे त एहिजे जान दे देब.

यूपी सरकार के फिरकापरस्ती के आरोप में घेरइला का बाद सुधार के कोशिश

मथुरा के जवाहरबाग में भईल बवाल में मारल गइल दू गो पुलिस अधिकारियन ला महज 20 लाख के मुआवजा का एलान का बाद यूपी के सपा सरकार पर चारो तरफ से एगो खास फिरका से प्रेम के आलोचना होखे लागल. खास क के सोशल मीडिया अखिलेश सरकार के अपना निशाना पर ले लिहलसि. प्रतापपुर के

बिहार से राज्यसभा आ विधान परिषद ला निर्विरोध चुनाव

काल्हु नाम वापिस लिहला के आखिरी दिन पार भइला का बाद राज्यसभा के पाँचो सीट पर बिना लड़ले जीत गइले सगरी उमीदवार. ई लोग ह राजद से वरिष्ठ अधिवक्ता राम जेठमलानी आ लालू प्रसाद के बेटी मीसा भारती, जदयू से शरद यादव आ आर.सी.पी. सिंह, अउर भाजपा से गोपाल नारायण सिंह. बिहार विधान परिषदो के

Older Posts››