web analytics

इंटर आर्ट्स के टॉपर प्रोडिकल साइन्स में खाना बनावे का बारे में पढ़ली

बिहार के शिक्षा व्यवस्था के नया ऊँचाई मिलल बा एह साल. मैट्रिक में जब आधा से बेसी विद्यार्थी फेल क गइलें त कहल गइल कि एकरा से साफ बा कि नकल ना होखे दीहल गइल आ इम्तिहान ठीक से लीहल गइल.

बाकिर हकीकत सोझा आ गइल जब इंटर आर्ट्स के टॉपर रुबी राय के इहो नइखे मालूम कि कुल्ह कतना नंबर के इम्तिहान दीहली आ कवन कवन विषय रहुवे उनकर. 500 नंबर का जगहा 600 नंबर बता दीहली आ पॉलिटिकल साइन्स के प्रोडिकल साइन्स बतवली. इहो कहली कि एहमें खाना बनावे का बारे में सिखावल जाला.

रुबी राय के बाबूजी के कहना बा कि ऊ त तनिका ध्यान राखे के कहले रहलन प्रिन्सिपल साहेब से बाकिर ऊ त टॉपे करा दीहलन. अब सगरी भेद खुल जात बा काहे कि रुबी साधारण विद्यार्थी रहली टॉपर बने जोग का बारे में त सोचलो गलत कहाई. बाकिर इहो कहलन कि एह गड़बड़ में उनकर आपन कवनो हाथ हइखे.

अब बोर्ड हर फैकल्टी के टॉपरन के इन्टरव्यू ली आ जरुरत पड़ी त एह लोग के लिखितो इम्तिहान लीहल जाई.

 328 total views,  5 views today

%d bloggers like this: