web analytics

बिहार से राज्यसभा आ विधान परिषद ला निर्विरोध चुनाव

काल्हु नाम वापिस लिहला के आखिरी दिन पार भइला का बाद राज्यसभा के पाँचो सीट पर बिना लड़ले जीत गइले सगरी उमीदवार. ई लोग ह राजद से वरिष्ठ अधिवक्ता राम जेठमलानी आ लालू प्रसाद के बेटी मीसा भारती, जदयू से शरद यादव आ आर.सी.पी. सिंह, अउर भाजपा से गोपाल नारायण सिंह.

बिहार विधान परिषदो के सातो सीटन पर इहे हाल रहल आ भाजपा के विनोद नारायण झा अउर अर्जुन सहनी, जदयू के गुलाम रसूल बलियावी अउर सी.पी. सिन्हा, राजद के कमरे आलम अउर रणविजय सिंह, आ कांग्रेस के तनवीर अख्तर निर्वाचित घोषित हो गइलें.

 427 total views,  5 views today

%d bloggers like this: