Go to ...
RSS Feed

सपा सरकार के घिनावन फिरकापरस्ती


फिरकापरस्ती कवनो तरह के होखे ओकरा के खराब माने के चाहीं. बाकिर हिन्दुस्तान में सेकुलरिज्म के मतलब हो गइल बा हिन्दू विरोध आ मुस्लिम परस्ती. यूपी के सपा सरकार त एह मामिला में सगरी लोकलाज छोड़ के मुस्लिमपरस्ती पर उतर गइल बिया. राज्य में गाय के हत्या आ ओकर माँस राखल अपराध होखला का बालजूद गोकशी क के फ्रिज में ओकर माँस राखे वाला मुजरिम खातिर यूपी सरकार आपन खजाना खोल दिहलसि. ओकरा परिवार वालन के 45 लाख रुपिया आ चार गो फ्लैट दे दिहलसि. एगो मुस्लिम पुलिस अधिकारी के खून हो गइल त ओकरा परिवार के पचाश लाख रुपिया आ दू बेकत के सरकारी नौकरी दे दिहलसि. विरोध एह बात के नइखे कि काहे अतना दिहलसि. विरोध एह बात के बा कि अइसने हालात में मराए वाला हिन्दुवनो के ओही तरह के मुआवजा देबे के दयानतदारी काहे नइखे देखावत यूपी के सपा सरकार. मथुरा के जवाहर बाग में अपराधियन का हाथे मारल गइल दू गो अधिकरायिन ला बीस बीसे लाख के मुअवजा के एलान काहे भइल? काहे ना एहु लोग के परिवार के पचास पचास लाख के मुआवजा आ दू दू आदमी के नौकरी दिआत?
सपा सरकार एह बात के जवाब देबहीं के पड़ी कि अलग अलग फिरका ला अलग अलग मुआवजा काहे दिहल जात बा. का ओकरा नजर में हिन्दू के जान सस्ता बा?

Tags: , ,

More Stories From उत्तर प्रदेश

%d bloggers like this: