Go to ...
RSS Feed

बिहार के इंटर टॉपर शिक्षा व्यवस्था के पोल खोल दीहलें


बिहार इंटर परीक्षा में टॉप करे वाला साइन्स आ आर्ट्स के टॉपरन के काल्हु इंटरव्यू लीहल गइल. आर्ट टॉपर रुबी राय तबियत खराब होखे का आधार पर अइबे ना कइली. साइन्स के टॉपर अइले त सही बाकिर जवाब देत में पसीना छूट गइल उनकर. कहलें कि अइसन सवाल करब सभे त एहिजे जान दे देब. उनकर ज्ञान देखि के उनकर रिजल्ट रद्द क दीहलसि बोर्ड. आर्ट टॉपर रुबी राय के एक हप्ता के समय दीहल गइल बा बाकिर उनकरो मामिला में इहे होखे के सवा सौ फीसदी अनेसा बा.

पूरा मामला मेरिट लिस्ट में जगहा पावे वाला विशुन राय कॉलेज, किरतपुर, वैशाली जिला से 646 गो छात्र इम्तिहान दीहलें आ ओहमें से 534 जने बढ़िया नंबर ले के फर्स्ट क्लास में पास क गइलें. जबकि बिहार भर के छात्रन के रिजल्ट खराब आइल एह साल. सबले खास बात ई रहल कि वैशाली जिला के सगरी कापी जाँचे ला भभुआ भेजल गइल बाकिर विशुन राय कॉलेज के कापी पटना में जाँचल गइल. काहे के जवाब केहु नइखे देत. अब विशुन राय कॉलेज के मान्यता रद्द क दीहल गइल बा बाकिर बड़का लोगन के केहु नामो लेबे ला तईयार नइखे.

एही बीच पटना मेडिकल कालेज के जनरल सर्जरी एमएस के विद्यार्थियन के कहना बा कि ऊ लोग वीडियोग्राफी का बीच परीक्षा ना दी. कहले जाला कि बढ़िया वकील आ बढ़िया डाक्टर किताब देखिये के काम करेला !

Tags: , , ,

More Stories From बिहार

%d bloggers like this: