Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

Archives for July 2016

दलित लइकी से तौकीर रेप करी त मीडिया चुपे रही

बेतिया के नरकटियागंज के पुरानी बस्ती के एगो बदमाश छुरा का बल पर एगो दलित लइकी से बलात्कार कइलसि आ एकर वीडियो बना लिहलसि। बाद में आकर यौन शोषण करे लागल। लइकी के बाप के ऊ वीडियो देख के कहलसि कि ओकरा से निकाह करवा द आ आपन जमीनो लिख द। पहिले त बाप मान

जदयू विधायक पर रंगदारी मांगे के अछरंग

नचनीयन साथे नाचे ला मशहूर जदयू विधायक श्याम बहादुर सिंह पटेल पर सिवान जिला के दुगो डॉ विक्रम चौहान अउरएम डॉ नवल किशोर पाण्डेय 20 लाख रूपया के रंगदारी मांगे के आरोप लगवले बाड़े। डॉ विक्रम चौहान के कहना बा कि बरीसन से बंद पड़ल पचरुखी चीनी मिल के जमीन ऊ नीलामी में खरीदले बाड़न

भदोही में स्कूली बस के ट्रेन से धक्का लगला से 10 गो बचवन के मौत

आजु भदोही में एगो स्कूली वाहन के टक्कर ट्रेन से हो गइल जवना चलते वाहन दूर ले फेंका गइल आ ओहपर सवार 19 गो बचवन में से 10 गो के मौत हो गइल। आजु सोमार के सबेरे टेंडरहार्ट इंग्लिश स्कूल के मिनी बस बचवन के लेके स्कुल जात रहुवे आ एगो बिना पहरेदार वाला रेलवे

सकेता में पड़ल मायावती के सफाई आजु आवे वाला बा

बसपा के नेतवन के गाली गलौज करे आ एगो नाबालिग लइकी का खिलाफ बदजुबानी कइला पर मचल बवाल का चलते सकेता में घेराइल बसपा सुप्रीमो मायावती आजु लखनऊ में मीडिया का सोझा आपन सफाई पेश करीहें. उमेद त इहो बा कि खराब तरीका से घेगा गइल मायावती अपना गोल के कुछ बड़कन नेतवन के बाहर

बिहारी विधायक छेड़खानी में धराइल

बिहार के सिवान से एमएलसी टुन्ना पांडेय के हाजीपुर रेल पुलिस आजु भोर में गिरफ्तार क लिहलसि. टुन्ना पर आरोप बा कि ऊ एगो नाबालिक लइकी से छेड़खानी कइलन जबकि उनकर कहना बा कि ऊ चार्जर निकाला ला आपन बैग खींचत रहले तबले ओह लइकी के नीन टूट गउवे आ ऊ भकुअइले हल्ला मचा दिहलसि.

मेहरारुवन के अपमान करे वाला नसीमुद्दीन सिद्दीकी पर मुकदमा दर्ज

शुक का दिने यूपी भाजपा के उपाध्यक्ष पद से हटावल गइल दयाशंकर सिंह के पत्नी स्वाति सिंह आ महतारी का तरफ से बसपा नेता नसीमुद्दीन सिद्दीकी आ अउरिओ लोग का खिलाफ मुकदमा लिखावल गइल, मायावती के तुलना वेश्या से कइला का खिलाफ बसपा के लोग दयाशंकर सिंह का खिलाफ जुलूस निकलले रहुवे आ उहो लोग

गोरखपुर का साथही पूरा पूर्वांचल के मिलल एम्स के सौगात

22 जुलाई का दिने गोरखपुर से यूपी चुनाव अभियान के एक तरह से शुरूआते क दिहलन पीएम मोदी. भोजपुरी में अपना भाषण के शुरुआत क के एहीजा के लोगन के मनो जीते के कोशिश कइलन मोदी जी. गोरखनाथ मंदिर में पूजा अर्चना क के आ एह पीठ के दिवंगत मठाधीश महंत अवैद्यनाथ के मूर्ति के

बबुआ से थाकल गोल अब बबुनी का गोड़ पर

तीसन बरीस से युपी में अपना खड़ा होखे क जमीन तलाशत कांग्रेसी गोल अब परिवार के बबुनी का गोड़ पर आ गिरल बा. राहुल गाँधी के आजमा के देख चुकल गोल के नयका रणनीतिकार प्रशान्त के योजना का हिसाब से अबकी का यूपी चुनाव में कांग्रेस के नाय पार करावे के जिम्मा अबकी प्रियंका गाँधी

अखिलेश के ‘फुआ’ आ बहुते लोगन के ‘बहिनजी’ का खिलाफ बोलल महँग पड़ गइल

हाल ही में भाजपा के यूपी प्रदेश उपाध्‍यक्ष बनावल गइल दयाशंकर सिंह मऊ में भाषण देत घरी जोश में आके बसपा सुप्रीमो मायावती पर अइसन बोल मार दिहलन कि उगिलला का बादो गरदन में अ़टक के रहु गइल बा. अलग बात बा कि ओहू ले खराब बोल मोदी का खिलाफ कुछ लोग आए दिन बोलत

आतंकियन के बढ़ावा देबेवाला जाकिर नाईक के तरफदारी कइलसि देवबंद

यूपी के सहारनपुर में स्थापित हिन्दुस्तान भर में मशहूर इस्लामिक संस्था दारुल उलूम देवबंद अब मुस्लिम धर्मगुरु जाकिर नाईक के तरफदारी करत सामने आइल बा. दारुल उलूम के पदाधिकारी आ उलेमा-ए-कराम के कहना बा कि बिना कवनो जाँच करवलहीं डॉ जाकिर के दोषी ठहरावल नाजायज बात बा. दारुल उलूम के कार्यवाहक मोहतमिम मौलाना खालिक मद्रासी

Older Posts››