web analytics

जौनपुर टीसन का लगे होटल में सेक्स रैकेट

जौनपुर सिटी टीसन का लगे के एगो होटल में एगो नेता जी के संरक्षण में ढेर दिन से देह व्यापार के धंधा चलत रहुवे. अगल बगल के लोग एह से आजिज रहुवे बाकिर डरे चुप लगा जात रहुवे. माने जोग त नइखे कि पुलिस के एह धंधा के जानकारी ना होखी. अब कारण चाहे जन होखे बाकिर काल्हु होटल पर छापा मार के पाँच जोड़ी आशिकन के मौके पर से गिरफितार क लीहल गइल.

बतावल जात बा कि अपना रसूख के इस्तेमाल करत नेता जी होटल वाला के बचावे में लाग गइल बाड़ें. देर सबेर ले दे के मामिला पर लीपापोती होइए जाए के बा.

 295 total views,  5 views today

%d bloggers like this: