web analytics

सारण के नगरा के पेट्रोल पंप मालिक से लूट

आजु सोमार का दिने सारण के नगरा इलाका के अफौर रामचौड़ा पुल का नियरा चार गो हथियारबन्द अपराधी मुसहरी पेट्रोल पम्प के मालिक से करीब डेढ़ लाख रुपिया लूट लिहलें.

पेट्रोल पंप मालिक विजय सिंह के भतीजा राहुल पंप के एगो कर्मचारी का साथे बाइक से नगरा बैंक जात रहले. उनुका लगे 1 लाख 39 हजार रुपिया रहुवे जवना के बैंक में जमा करावे के रहल बाकिर पहिलहीं से पाछा लागल ई बदमाश अफौर रामाचौड़ा पुल का नियरा सुनसान देख के एह लोग के रोक लिहले सँ आ असलहा देखा के रुपिया लूट ले गइले सँ.

फिलहाल पुलिस मामला के छानबीन करत बिया आ अबहीं केहु के गिरफ्तारी नइखे भइल.

 409 total views,  5 views today

%d bloggers like this: