web analytics

बिहारी विधायक छेड़खानी में धराइल

TunnaPandeyMLC
बिहार के सिवान से एमएलसी टुन्ना पांडेय के हाजीपुर रेल पुलिस आजु भोर में गिरफ्तार क लिहलसि. टुन्ना पर आरोप बा कि ऊ एगो नाबालिक लइकी से छेड़खानी कइलन जबकि उनकर कहना बा कि ऊ चार्जर निकाला ला आपन बैग खींचत रहले तबले ओह लइकी के नीन टूट गउवे आ ऊ भकुअइले हल्ला मचा दिहलसि.

ई वारदात अप पूर्वांचल एक्सप्रेस के एसी टू बोगी ए-1 में भइल. लइकिया अपना बाबूजी साथे सफर करत रहुवे. पुलिस में शिकायत ओकर बाबूजी दर्ज करवलें जवना का बाद हाजीपुर रेल पुलिस विधायक टुन्ना पाण्डेय के गिरफ्तार क लिहलसि.

लइकी के परिवार हावड़ा से गोरखपुर जात रहे लोग. टुन्ना पांडेय दुर्गापुर में चढ़लेो आ अपना बर्थ नंबर 43 पर सूत गइलन. लइकिया 46 नमबर बर्थ पर रहुवे. टुन्ना के उनकर गोल भाजपा से आनन फानन में ससपेन्ड क दीहल गइल बा.

 157 total views,  2 views today

%d bloggers like this: