web analytics

भदोही में स्कूली बस के ट्रेन से धक्का लगला से 10 गो बचवन के मौत

आजु भदोही में एगो स्कूली वाहन के टक्कर ट्रेन से हो गइल जवना चलते वाहन दूर ले फेंका गइल आ ओहपर सवार 19 गो बचवन में से 10 गो के मौत हो गइल।
आजु सोमार के सबेरे टेंडरहार्ट इंग्लिश स्कूल के मिनी बस बचवन के लेके स्कुल जात रहुवे आ एगो बिना पहरेदार वाला रेलवे क्रॉसिंग पर ट्रेन क चपेटा में आ गउवे. हादसा वाराणसी-इलाहबाद रेलवे खंड में भदोही के कैयरमऊ क्रॉसिंग पर भइल।
एह दर्दनाक हादसा में 10 गो बचवन के मौत ओहिजे हो गउवे आ बाकी घवाहिलन के अस्पताल में भरती करावल गइल बा।

 363 total views,  5 views today

%d bloggers like this: