Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

Archives for August 2016

नरही थाना घेरले भाजपाईयन पर फायरिंग से एक जने के मौत

यूपी के बलिया जिला के नरही थाना में धराइल पशुपालक के रिहाई के माँग करत भाजपा विधायक उपेंद्र तिवारी आ उनुका समर्थकन के हटावे खातिर पुलिस अचके में लाठी चार्ज आ फायरिंग के दिहलसि। एह चलते मचल भागमभाग में एक आदमी के मौत हो गइल आ दू जने बहुत घवाहिल हो के जिला अस्पताल में

बलिया छपरा रेलखंड पर आवाजाही बन्द, ट्रेनन के रूट बदलल

रात में सहतवार टीसन का लगे मालगाड़ी के बेपटरी हो गइला का चलते बलिया आ छपरा के बीच रेलगाडियन के आवाजाही बन्द हो गइल बा। कई गो रेलगाडियन के निरस्त क दिहल गइल बा। लमहर दुरी वाला रेलगाडियन के भटनी हो के चलावल जात बा।

घुमा फिरा के हिन्दुवन के एकता तूड़े में लागल मीडिया का फेर में पड़लन मोदी

अपना देश के मीडिया हर समय एही फेर में लागल रहेले कि कसहूं हिन्दुवन के अपने में लड़वले राखल जाव जेहसे कि हिन्दू विरोधी काम बदस्तूर जारी रह सको. अबकी एह लोग के साथ खुद पीएम मोदी दे दिहलन जब ऊ कुछ नकली गऊरक्षकन का खिलाफ बयान दे दिहलन. मोदी के बयान के मीडिया एह

देवी देवता के हीनई करत वीडियो का खिलाफ छपरा धधकल

पिछला तीन दिन से बिहार के सारण जिला हिन्दू आक्रोश के लहोक झेलत बा. हिन्दू देवी देवता के हीनई करावल एगो वीडियो मकेर के एगो मुसलमान नवही बेंगलुरु से अपना साथियन के मोबाइल पर भेजलसि आ ओकर पसरल शुरु हो गइल. हिन्दूवन का खिलाफ होखे वाला हर हरकत के अनदेखी करे के प्रशासनिक आदत अबकी