web analytics

दिन भर के खबर पर एक नजर – 11 सितम्बर 2016

नयी दिल्ली में भइल विश्व बंधुत्व दिवस समारोह के संबोधित करत केन्द्रीय राज्यमंत्री डॉ महेश शर्मा
नयी दिल्ली में भइल विश्व बंधुत्व दिवस समारोह के संबोधित करत केन्द्रीय राज्यमंत्री डॉ महेश शर्मा

बलिया के समाजसेवी बाबू सर्वजीत सिंह के पंचवी पुण्यतिथि पर अखार गाँव में लगावल स्वास्थ्य मेला में आइल डाक्टर लोग बारह सौ से अधिका बेमारन के देखल आ दवाइओ बाँटल गइल. मेला इंडियन मेडिकल एसोसिएशन के बलिया शाखा आ सर्वजीत सेवा संस्थान का चरफ से लगावल गइल. शिविर के शुभारंभ रिटायर्ड सीएमएस डा. अमिता सिंह का हाथे भइल. एह मौका प सीएमओ पीके सिंह, डा. पीके सिंह गहलौत, डा. जीसी मौर्य, डा. जेपी सिंह, डा. रचना सिंह, डा. गोपाल स्वरूप पाठक, डा. मिथिलेश सिंह, डा. डी राय, डा. आरबी गुप्ता, डा. मनोज, डा. अनुराग सिंह वगैरह चिकित्सक मौजूद रहलें. स्वास्थ्य मेला में रेडक्रास सोसाइटी, बलिया आ लायन्सो क्लब के सहयोग रहल.

दलित विद्यार्थियन के मिला वाला वजीफा बढ़ावे के सोचत बिया केन्द्र सरकार. लखनऊ में एह बाति के जानकारी देत केन्द्र में राज्यमंत्री रामदास अठावले कहलन कि इन्टरकास्ट बिआहन के बढ़ावा दिहला के जरुरत बा जेहसे समाज से जातिवाद खतम हो सके. केन्द्र सरकार अइसन बीआह करेवालन के अढ़ाई लाख के इनामो देत बिया.

अपना चुनावी सफर प निकलल राहुल गाँधी आजु आपन रोड शो आजमगढ से शुरू कइलन. सठियाँव में जनसभा संबाधित क के राहुल गाँधी मऊ होत वाराणसी अइलें. काल्हु जौनपुर आ आजमगढ़ में सभा कइले रहलन राहुल.
सोनभद्र जिला अस्पताल में शौचालय में बच्चा के अचानक जनला का बाद जच्चा बच्चा दुनू के मौत हा गइल.

बिहार सरकार अपना उत्पाद विभाग के प्रधान सचिव के के पाठक के तबादला क दिहलसि. सुने में आवत बा कि राजद इनका के पसन्द ना करत रहुवे.

गृहमंत्री राजनाथ सिंह आज नई दिल्‍ली में एगो हाई लेवल के बैठक में जम्‍मू-कश्‍मीर के हालात के समीक्षा कइलन. एह बैठक में राष्‍ट्रीय सुरक्षा सलाहकार अजीत डोभाल, केंद्रीय गृह-सचिव राजीव महर्षि आ वरिष्‍ठ अधिकारी मौजूद रहलें. आजुओ कश्मीर में भइल दू गो वारदात में एगो पुलिसकर्मी शहीद हो गइल आ सात गो आतंकियन के मार गिरावल गइल. घुसपैठ के तीन गो कोशिश नाकाम क दीहल गइल. नौगाम सेक्‍टर, तंगधार सेक्‍टर आ गुरेज़ सेक्‍टर में घुसपैठ के नाकाम कोशिश के खबर बा. एह में केहु के मरइला के खबर नइखे. ओने पुंछ जिला में तीन गो आतंकी मरइलें आ पुलिस के एगो जवान शहीद आ पांच लोग घवाहिल हो गइल.

अपना साली संगे छेडखाना करे वाला आआपा विधायक अउर दिल्ली वक्फ बोर्ड के प्रमुख अमानतुल्ला खान के बचाव करत दिल्ली के उप मुख्यमंत्री मनीष सिसोदिया एकरा के पारिवारिक मामिला बता के खान के इस्तीफा नामंजूर क दिहलन. ठीके कइलन काहे कि जीजा साली मे ई सब त होखते रहेला. आ एही तरह इस्तीफा मंजूर होखत रहे त आआपा में बाँची के.

बिहार के बाहुबली आ सिवान से राजद सांसद रह चुकल मोहम्मद शहाबुद्दीन नीतीश कुमार के आपन नेता माने से इन्कार क दिहलसि आ चारा चोर लालू प्रसादे के आपन असली नेता बतवलसि. लागत बा अब नीतीश कुमार के दिन पूरा हो गइल बा आ उनुका के किनारे लगावे के इन्तजाम होखे लागल बा. बाकिर नीतीश कुमार के कहना बा कि ऊ महागठबंधन के चुनल नेता हउवन. लालू के कहना बा कि अगर कवनो आदमी अपना नेता का बारे में बोलत बा त दोसरा के एह से का मतलब.

दक्षिण कोरिया के दावा बा कि अगर ओकरा इचिको अनेसा भइल कि उत्तर कोरिया ओकरा प परमाणु हमला करे वाला बा त ओकरा राजधानी प्योंगयांग के समूल नाश करे के बेंवत बा ओकरा लगे.

15 बरीस पहिले आजुए का दिने 11 सितम्बर के आतंकवादी हमलन में चार गो विमानन के आ वर्ल्ड ट्रेड सेंटर के दुनू टावरन के नेस्तनाबूद क दिहले रहले सँ इस्लामी आतंकी. प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आजु न्यूयार्क में साल 2001 के आतंकी हमला आ 1893 में शिकागो में स्वामी विवेकानन्द के ऐतिहासिक भाषण के याद कइलन.

सऊदी अरब में सालाना हज यात्रा का दौरान दुनियाभर से नाहियो त 15 लाख हाजी अराफात पहाड़ी पर जटल बाड़ें. कहल जाला कि पैगम्बर मोहम्मद आपन अखिरी उपदेश एहिजे दिहले रहनी.

 79 total views,  1 views today

%d bloggers like this: