मढ़ौरा में महतारी का साथे दू गो बचवनो के मौत
September 29, 2016
सारण जिला के मढ़ौरा इलाका के सेमलसराय गाँव में मंगल का राते खटिया पर सूतल अनिता आ ओकरा एगो बेटा आ बेटी के आग में जर के मौत हो गइल. दीनानाथ महतो के मेहरारु अनिता देवी के भाई ससुरालवालन पर केस दर्ज करवले बाड़न कि ई लोग तीनो के हत्या कइले बा.
गाँव वालन के कहना बा कि दिन में सबकुछ ठीके लउकल रहुवे. पता ना बाद में का भइल आ कइसे आग लागल से बूझात नइखे. आखिर केहु कइसे अपने बचवन के जरा के मुआ दी. मढौरा पुलिस एह घटना के हत्या के मामिला मान के तफतीश करत बिया. एगो अपाहिज बूढ़ छोड़ घर के सगरी सवाँग फरार हो गइल बाड़े. हालांकि केस में ओह अपाहिज बूढ़उओ के नाम डालल गइल बा.