web analytics

मोतिहारी में काल्हु से केन्द्रीय विश्वविद्यालय के सत्र शुरु

मोतिहारी में काल्हु से महात्मा गाँधी केन्द्रीय विश्वविद्यालय के सत्र के शुरुआत हो जाई. मोतिहारी जिला स्कूल के मैदान में केन्द्रीय मंत्री प्रकाश जावडेकर अउर केन्द्रीय राज्यमंत्री उपेन्द्र कुशवाहा का हाथे विश्वविद्यालय के पहिलका सत्र के उदघाटन होखी.

केन्द्रीय कृषि अउर किसान कल्याण मंत्री राधामोहन सिंह काल्हु मीडिया के ई जानकारी देत कहलन कि चंपारण सत्याग्रह शताब्दी वर्ष आ जिला स्थापना के डेढ़ सउँवी सालगिरह का मौका पर केन्द्रीय विश्वविद्यालय के सत्र शुरु होखल गाँधी जी के साँच श्रद्धांजली होई. कहलन कि एह विश्वविद्यालय के खुलला से बिहार आ जिला के विद्यार्थियन के बाहर जाए के जरुरत ना पड़ी.

एह विश्वविद्यालय में दाखिला ला अबहीं 395 गो विद्यार्थी चुनाइल बाड़ें. एहमें से अधिकतर छात्र सारण आ चंपारण के बाड़ें.

 411 total views,  5 views today

%d bloggers like this: