चंदौली-वाराणसी सीमा के पड़ाव पर जयगुरुदेव के विहंगम शोभा यात्रा में आज मचल भगदड से २० जने के जान चल गइल आ सैकडन लोग घाहिल हो गइल।
गुरुदेव के भक्त लोग डोमरी में समागम ला जाट रहुवे जब राजघाट पुल से उतरत घरी मचल भगदड़ में लोग एने ओने भागे लागल आ एह दौरान नाहियो त 20 गो भक्त कचरा के मर गइले।
यूपी सरकार दू दू लाख रुपिया मुआवजा के एलान कइले बीया। घवाहिल सैकड़न भक्तन के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा।
97 total views, 1 views today