web analytics

छपरा न्यूज, 16 अक्टूबर 2016, अतवार

visarjan
भसान का बाद अब पूजा समितियन पर मुकदमा शुरू होखे के दौर
दूर्गा पूजा बीतला आ मूर्तिभसान हो चुकला का बाद अब प्रशासन पूजा समितियन पर तरह तरह के केस लादल शुरू क दिहले बा. बिहात सरकार हवनो तक प रोक लगा के आपन सेकूलरिज्म देखा चुकल बीया बाकिर कबो तजिया निकाले पर रोक लागल होखो से कबो सुने के नइखे मिलल. दही हांडी पर तरह तरह के सीमा लगावे वाला जजो लोग मुहर्रम के मातम मनावा वालन पर कवनो बंडिश लगावल ना चाहे. तब उहन के ज्ञान हेरा जाला. छपरा पुलिस भगवान बाजार के पुराना स्थान नव.ुवक पूजा समिति पर केस दर्ज कइला बीया कि ई लोग भसान जुलूस में आर्केस्ट्रा बजवावत रहुवे आ नाच करावत रहुवे. माँझी थाना में दर्जन भर लोग पर बीडीओ आ थानाध्यक्ष के घवाहिल करे के केस दर्ज भइल बा.

माँझी के नाती विक्की के शराब राखे का आरोप में गिरफ्तारी
बिहार के मुख्यमंत्री रहल रीतन राम माँझी शुक का दिने गया में प्रेस कान्फ्रेंस क के बालू माफिया आ पुलिस प्रशासन के खिंचाई कइलन त प्रशासन पलटवार करत कुछ घंटा का भितरे माँझी के नाती विक्की के शराब राखे का आरोप में गिरफ्तार क लिहलसि. जीतनराम माँझी एह गिरफ्तारी के आलोचना करत कहले बाड़न कि विक्की के साजिशन फँसावल गइल बा.

मढौरा में झगड़ा अउरी बढ़ल
दशमी का राते मढ़ौरा के सलीमपुर गाँव में आर्केस्ट्रा ले के शुरू भइल झगड़ा शनिचर का दिने फेरू लहक उठल. सलीमपुर आ नेथुआ गाँव का लोग का बीचे भइल मारपीट में 15 तोग घवाहि. हो गइल आ तीन गो मोटरसाइकिलन के फूंक दीहल गइल. बाद में चहुँपल पुलिस आपन ताकत देखा के हालात शान्त कइलसि.

छपरा शहर में सूदी किस्ती के कारोबारी धराइल
छपरा में सूदी किस्ती के कारोबार करे वाला कोपा थाना इलाका के साधपुर गाँव के रविन्द्र सिंह के पुलिस गिरफ्तार क लिहलसि. ओकरा पर बहुते लोग से धोखाधड़ी क के डेढ़ करोड़ रुगिया गबन करे के आरोप बा. बहुते लोग त शिकायतो करे सामने नइखे आइल बाकिर 29 तोग लिखित में शिकायत दर्ज करवले बा.

शहाबु के रिहाई खातिर दरभंगा में जुलूस
सिवान के बाहुबली अपराधी शहाबुद्दीन के जेल से रिहाई के माँग करत दरभंगा के मुसलमान शनिचर का दिने मुस्लिम बेदारी कारवां का बैनर तरे जुलूस निकललें. कहल लोग कि शहाबुद्दीन के साजिश क के गुबारा जेल भेजल गइल बा. अगर सरकार उनका के रिहा ना करवलसि त बिहार भर के मुसलमान 30 नवंबर के पटना गाँधी मैदान में जुटीहें आ लालू नीतीश गठजोड़ का खिलाफ आपन आवाज उठइहें.

एकमा नगर पंचायत के चुनाव में पड़ल वोटन के गिनिती आजु होखत बा.

जदयू के महाअधिवेशन आज राजगीर में दोखत बा जहाँ नीतीश के राष्ट्रीय अध्यक्ष का रूप में ताजपोशी कइल जाई. जदयू गोल उनका के मोदी का बरक्स खड़ा क के देश के नेता बनावल चाहत बा.

 124 total views,  2 views today

%d bloggers like this: