Archives for November 2016
वित्त मंत्री अरुण जेटली आजु लोक सभा में आयकर कराधान कानून (दुसरका बदलाव) विधेयक, 2016 पेश कइलन। एह विधेयक में अघोषित आमदनी पर कुल मिलाके 50 प्रतिशत टैक्स आ सरचार्ज लगावे के प्रस्ताव बा। एह 50 फीसदी का उपर से 25 फीसदी अउर प्रधानमंत्री गरीब कल्याण जमा योजना-2016 में जमा करावे के पड़ी जवना प
मोहाली टेस्ट में दुसरका दिने भारत के पारी लड़खडाइल नजर आइल आ खेल ख़तम होखे बेरा ले छह विकेट का नुकसान पर 271 रन बना पवले बल्लेबाज। मेलबर्न में होखत चार देशन के हॉकी टूर्नामेंट में भारत मलेशिया टीम के 4-1 से हरा के कांस्य पदक जीत लिहलसि। बैडमिंटन के होंगकांग ओपन के फाइनल में
पुलिस अधिकारियन के सम्मेलन में पीएम मोदी दिल्ली का बाहर तिसरका बेर हो रहल बाकि पुलिस महानिदेशकन के 51वाँ सालाना सम्मेलन आजु हैदराबाद पुलिस अकादमी में होखत बा. एह सम्मेलन में पीएम मोदी, गृहमंत्री राजनाथ सिंह, राष्ट्रीय सुरक्षा सलाहकार अजीत डोभाल, रॉ चीफ राजेन्द्र खन्ना, आ आईबी चीफ दिनेश शर्मा शामिल बाड़ें. पुलिस महानिदेशकन के
गोरखपुर के खजनी इलाका के रहेवाला आ गोरखपुर के बाबा राघवदास मेडिकल कालेज में सर्जन के लखनऊ से गोरखपुर आवत घरी बस्ती के एसपी चहेट के गाड़ी रोक्ववलन। गाड़ी के तलाशी लीहल गइल त ओह में 500 आ 1000 रूपया के नोटन में 45 लाख रुपिया बरामद भइल। आयकर अधिकारी सन्त कबीर नगर कोतवाली में
फर्जी वीजा कागजात बना के विदेश भेजेवाला गिरोह के चारगो जालसाजन के काल्हु छपरा के जेपीएम कॉलेज का नियरा से छपरा पुलिस गिरफ्तार क लिहलसि। बतावल जात बा कि 21 जने के फर्जी कागजात बनाके सिंगापुर भेजले रहले सँ बाकि सब जने एयरपोर्ट पर धरा गइले। जब पता चलल कि एह लोगन का साथे जालसाजी
बिहार के सासाराम में दैनिक भास्कर के पत्रकार धर्मेंद्र सिंह के गोली मार के आज सबेरे हत्या क दीहल गइल। कहल जात बा कि पत्रकार धर्मेंद्र सिंह भोरे अपना घर का नियरे एगो चाय दूकान पर खड़ा रहलन जब बाइक से आइल अपराधी उनुका प गोली झोंक दिहले। घवाहिल पत्रकार के बढ़िया इलाज खाति वाराणसी
मंगल का रात देश के करिया कमाई करे वालन का खिलाफ एगो बड़हन सर्जिकल स्ट्राइक करत भारत सरकार 500 आ 1000 रुपिया के नोट के प्रचलन बल्द क दिहलसि. अचानक भइल एह एलान से सगरी धनपशुअन के ठकुआ मार दिहलसि. केहु के इचिको अन्दाजा ना रहुवे कि मोदी सरकार सचहूँ करिया धन का खिलाफ अतना
दिल्ली में रेलभवन से बटन दबाके रेल मंत्री सुरेश प्रभु आजु से गोरखपुर से लखनऊ के बादशाह नगर का बीच एगो नया ट्रेन के शुरुआत करइहें। एह ट्रेन से गोरखपुर लखनऊ रूट के भीड़ कम करे के मौके मिली। जान जाईं कि रेल मंत्रालय एह घरी पूर्वांचल पर मेहरबान बा आ जल्दिये कुछ अउरी ट्रेनन
कांग्रेस के माथ संस्था कार्यसमिति औपचारिक रूप से प्रस्ताव पारित क के अपना अध्यक्षा से निहोरा क दिहलसि कि राहुल जी के अब अध्यक्ष बना दीहल जाव। एह बैठक में सोनिया गांधी अपना बीमारी का चलते शामिल ना रहली। एकरा के सोचल समुझल प्लान मान लीं त इहे मतलब निकलत बा कि अब बस तारीख
यूपी के सरकार चलावत मुलायम के परिवार में चलत झगड़ा के फायदा उठाके आपन बेंवत बढ़ावे में लागल बिया कांग्रेस। सपा में बाहरी आदमी आ दलाल होखे खाति जानल जायेवाला अमर सिंह के सहायता से कांग्रेस के रणनीतिकार प्रशांत किशोर सपा मुखिया मुलायम सिंह से छह घंटा ले बतियवले बाकि कवनो राह तय ना हो
चार दिन चलेवाला छठ महापर्व के तिसरका दिने सांझ बेरा नदी भा कवनो जलाशय में खड़ा हो के डूबत सुरुज के अरघ दीहल जाला। आज एह पर्व के ई सबले ख़ास आराधना के काम पूरा हो गइल।अब रात भर अउरी बरत करत छठबरती लोग काल्हु उगत सुरुज के दूध से अरघ दे के एह बरत