web analytics

करिया धन का खिलाफ बड़हन सर्जिकल स्ट्राइक

(from a tweet by @Vinod_r786)
(from a tweet by @Vinod_r786)

मंगल का रात देश के करिया कमाई करे वालन का खिलाफ एगो बड़हन सर्जिकल स्ट्राइक करत भारत सरकार 500 आ 1000 रुपिया के नोट के प्रचलन बल्द क दिहलसि. अचानक भइल एह एलान से सगरी धनपशुअन के ठकुआ मार दिहलसि. केहु के इचिको अन्दाजा ना रहुवे कि मोदी सरकार सचहूँ करिया धन का खिलाफ अतना बड़हन लड़ाई छेड़ दी. करिया कमाई के एलान क के ओकरा के जायज बनवला के मिलल मौका के बहुते लोग अनदेखी क दीहल आ आजु कपारे हाथ ध के बइठ गइल बा अइसन लोग.
सबले बड़हन झटका लागल बा नेतवन आ अफसरान के. सर्राफा व्यवसायी आ जमीन वगैरह के कारोबार में लागल लोग अलगे सदमा में बा. देश के आम जनता सरकार के एह फैसला से खुश बा. हँ कुछ लोग जरूरे दिक्कत में आ गइल बा.
एह फायनेन्सियल सर्जिकल स्ट्राइक के एलान खुद पीएम मोदी कइलन आ लोग के गोहार कइलन कि देश से करिया धन के जड़ से नाश करे ला लोग आगा बढ़ो आ सरकार का साथे सहयोग करो.
9 तारीख के देश भर के बैंकन आ एटीएमन के बन्द राखल जाई जेहसे बड़हन पैमाना प नोट बदले के काम करे के जइयारी कइल जा सको.
सरकार के एह फैसला से करीब सोरह लाख करोड़ रूपिया के करिया धन बाजार में आ जाए के उमेद बा.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: