web analytics

युवराज के राजतिलक अब होखहीं वाला बा

Hand-symbolकांग्रेस के माथ संस्था कार्यसमिति औपचारिक रूप से प्रस्ताव पारित क के अपना अध्यक्षा से निहोरा क दिहलसि कि राहुल जी के अब अध्यक्ष बना दीहल जाव।
एह बैठक में सोनिया गांधी अपना बीमारी का चलते शामिल ना रहली। एकरा के सोचल समुझल प्लान मान लीं त इहे मतलब निकलत बा कि अब बस तारीख के एलान होखल बाकी बा। ई तारीख 19 अक्टूबरो हो सकेला, यूपी चुनाव का ठीक पाहिले हो सकेला, भा करेजा कमजोर पड़ल त चुनाव का बादो हो सकेला।
साथ ही कार्यसमिति का तरफ से चुनाव आयोग के कहल गइल बा कि कांग्रेस के भितरी चुनाव एक बरीस ला अउरी टार दीहल जाव।

 190 total views,  2 views today

%d bloggers like this: