पुलिस अधिकारियन के सम्मेलन में पीएम मोदी
दिल्ली का बाहर तिसरका बेर हो रहल बाकि पुलिस महानिदेशकन के 51वाँ सालाना सम्मेलन आजु हैदराबाद पुलिस अकादमी में होखत बा. एह सम्मेलन में पीएम मोदी, गृहमंत्री राजनाथ सिंह, राष्ट्रीय सुरक्षा सलाहकार अजीत डोभाल, रॉ चीफ राजेन्द्र खन्ना, आ आईबी चीफ दिनेश शर्मा शामिल बाड़ें.
पुलिस महानिदेशकन के एह सालाना सम्मेलन में देश का सोझा मौजूद हर तरह के समस्यन पर विचार कइल जा रहल बा. पुलिस सुधार, खाली पदन प बहाली, आबादी का हिसाब से पुलिस कर्मियन के संख्या बढ़ावल वगैरह बातो पर राय विचार होखे जा रहल बा.
गुट निरपेक्ष देशन के गुट के बड़का नेता रहल कम्युनिष्ट नेता फिदेल कास्त्रो आजु 90 बरीस का उमिर में निधन हो गइल. कास्त्रो के निधन प राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी आ पीएम मोदी समेत अमेके लोग आपन शोक जतवले बा. बँवारा राजनीतिक गोल कास्त्रो के निधन प बहुते दुखी बाड़ें आ तीन दिन ले गोल के मुख्यालयन प आपन झंडा झुकवले रखीहें.
आजुए का दिने आठ बरीस पहिले 26 नवंबर के मुम्बई में भईल आतंकियन के हमला के 8वीं बरखी प देश ओह हमला में जान गँवाएवाला नागरिकन आ शहीद जवानन के आपन श्रद्धांजलि दीहल. अमिताभ बच्चन, अनुपम खेर आ शबाना आजमी जइसन हस्ती सोशल मीडिया पर एह लोग के सलामी दिहले बा.
नोटबंदी के एकबेर फेरु आपन पूरा समर्थन बतावत बिहार के मुख्यमंत्री पीएम से देश भर में नशाबंदिओ लगावे के गोहार लगवले बाड़न. कहलन कि जेकरा नशा से मोह होखो से बिहार छोड़ के चलि जाव. नशाबंदे के बिहार के जरुरत बतावत नीतीश कहलन कि एकरा के उनकर जिद्द जनि मानल जाव.
नालंदा विवि के कुलाधिपति जॉर्ज यो आपन इस्तीफा दे के ओरहन दिहले बाड़न कि नालंदा विवि के आजादी नइखे कि अपना हिसाब से चलु सको.
बिहार में भइल सड़क हादसन में आजु कटिहार अउर दरभंगा जिला के अलग-अलग इलाकन में 5 जने के मौत हो गइल बा.
झारखंड में भूमि कानून के विरोध का चलते झारखंड के मुख्यमंत्री रघुवर दास अपन विदेश दौरा टार आजु टार दिहलन.
उत्तरी कश्मीर के कुपवाड़ा जिला में आजु बीएसएफ के काफिला प भइल आतंकी हमला का चलते दू गो जवान घाहिल हो गइल बाड़े. हालांकि अलगाववादियन के बोलावल दू दिन के बंद वापस ले लिहला से आजु हालात सुधर गइल बा.
बलूच रेजिमेन्ट से आइल कमर जावेद बाजवा के पाकिस्तान के नयका सेना प्रमुख बनावे के फैसला के एलान आजु हो गइल बा. 29 नवंबर का दिने मौजूदा सेना प्रमुख रहील शरीफ रिटायर हो जइहें. बलूच रेजिमेंट से आवे वाला ई चउथका सेना प्रमुख होखीहें पाकिस्तान के. जनरल याह्या खान, जनरल असलम बेग आ जनरल कयानी इनके से पहिले सेना प्रमुख हो चुकल बाड़े.
पाकिस्तान से तनाव का चलते भारत से जाए वाला हिन्दू तीर्थयात्री दोग पवित्र कटास राज मंदिर के आपन दौरा रद्द क दिहले बाड़न.
उत्तरी ईरान में दू गो रेलागड़ियन के भिड़ंत में मरे वालन के गिनिती बढ़के 45 हो गइल बा.
आजु शनिचर का दिने पश्चिमोत्तर पाकिस्तान में एगो सैनिक अड्डा का भीतर के मस्जिद प भइल आतंकी हमला से 2 गो पाकिस्तानी जवान आ 4 गो आतंकियन के मौत हो गइल बा.
बैडमिंटन के हांगकांग ओपन के फाइनल में भारल के पीवी सिंधु आ समीर वर्मा आपन आपन जगह हासिल क लिहले बा.
पंजाब के मोहाली में होखत भारत इंगलैम्ड के तिसरका टेस्ट मैच के पहिलका दिने आजु अपना पहिलका पारी में इंगलैन्ड आठ विकेट के नुकसान पर 268 रन बना लिहलसि. शुरु में खराब शुरुआत रहल ओकर. ए हैं।
मेलबर्न में चलत चार देशन के आमंत्रण हॉकी टूर्नामेंट में आजु शनितर का दिने भारत के हॉकी टीम न्यूजीलैंड से 3-2 से हार गइल, अब ओकरा तिसरका जगह हासिल करे ला अतवार का दिने मलेशिया से खेले पड़ी.
नोटबंदी से डिजिटल अर्थव्यवस्था के बढ़ावा मिले के बात कहले बाड़न यूनिक आइडेंटिफिकेशन अथॉरिटी ऑफ इंडिया के अध्यक्ष रहल नंदन नीलेकणि. बाकि उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव के कहना बा कि एकरा चलते देश बहुते पाछा चल गइल बा. आ मायावती त एकरा के सीधे सीधे राजनीतिक फैसला बतवले बाड़ी. कांग्रेस के कहना बा कि एह मामिला में उर्जित पटेल रिजर्व बैंक के स्वायत्तता कुर्बान क दीहले बाड़न. रतन टाटा नोटबंदी के सबले खास आर्थिक सुधार बतवले बाड़न.
जीएसटी के संशोधित मसौदा आजु शनिचर का दिने जारी क दीहल गइल बा. अब परिषद एकरा प आखिरी फैसला ली.
198 total views, 2 views today