जयप्रकाश विश्वविद्यालय में स्नातकोतर भोजपुरी के पढ़ाई बंद करे के बिरोध

आज दिनांक 05/12/2016 के जयप्रकाश विश्वविद्यालय में स्नातकोतर भोजपुरी के पढ़ाई बंद करे के बिरोध में आ पढ़ाई जारी राखे के समर्थन में एगो शिष्ट मंडल विश्वविधालय के कुलपति लोकेश चंन्द्र सिन्हा के ज्ञापन सौपलस हs आ कुलसचिव अध्यक्ष छात्र कल्याण आ समहर्ता, आरक्षीय अधीक्षक आ कमिश्नर सारण छपरा के ज्ञापन सौपल गइल हs।

एह शिष्ट मंडल के अध्यक्षता कइनी हs डॉ० जौहर शफियाबादी जी (राष्ट्रीय उपाध्यक्ष अ०भा०भो० साहित्य सम्मेलन-पटना) आ अगुआनी कइनी हs, श्री ब्रजेन्द्र प्रसाद सिन्हा जी (अध्यक्ष सारण जिला भोजपुरी साहित्य सम्मेलन छपरा) आ शिष्टमंडल में विशेष रूप से शामिल रहनी हs प्रो० रविकान्त सिंह रवि, श्री बबन प्र० सिंह प्रो० उदय प्रताप सिंह, प्रो० पवन कु० साह , सुजीत कुमार, छात्र नेता उमाशंकर साहू, पवन कुमार सिंह, चंदन सिंह, असलम सागर, यशवंत कुमार सिंह , रंजन कुमार सोनी आदि लोग शामिल रहल हs ।

अंत में एगो विशेष बइठक करके सर्वसम्मती से निर्णय लिहल गइल हs कि काल्ह दिनांक 06/12/2016 के एक बजे दिन से भोजपुरी बचाओ अभियान द्वारा संयुक्त रूप से विवि० में धरणा आ मुस्पिल्टी चौक पर कुलपति आ कुलसचिव के पुतला दहन कइल जाई । काल्ह एह कार्यक्रम से भोजपुरी बचाओ आंदोलन शुरू हो जाई आ जबतक विवि० भोजपुरी पढ़ाई के मान्यता नइखे देत तबतक अनशन,धरणा प्रदर्शन, छपरा बंदी, विवि० में ताला बंदी के गतिवध्द कार्यक्रम चलत रहीं । रउवा सभे भोजपुरिया भाई-बहिन लोग से आ भोजपुरी के सब संस्था के सदस्य लोग से संयुक्त रूप से अपील कर रहल बानी कि एह कार्यक्रम में रउवा सभे अपना-अपना बैनर के साथ आईं ।

(स्रोत – सुजीत कुमार सिंह सौरभ, छात्र,
भोजपुरी विभाग, जयप्रकाश विवि, छपरा)