web analytics

टटका खबर, 31 जनवरी 2017, मंगल

यूपी में चाचा भतीजा के रार अबहीं ले थमल नइखे आ चुनाव बाद एकरा एक बेर फेरु फफके के अनेसा बन गइल बा. आजु जसवंतनगर विधानसभा सीट से सपा प्रत्याशी के रूप में आपन नामांकन दाखिल कइला का बाद ओहिजा बोलावल सभा में शिवपाल ऐलान कइलन कि 11 मार्च का बाद ऊ नेता जी संगे … Read more

 16 total views

टटका खबर, 30 जनवरी 2017, सोमार

टाइम्स नाऊ टीवी प आजु देखावल गइल ओपिनियन पोल में कहल गइल बा कि यूपी विधानसभा चुनाव के परिणाम एकतरफा बीजेपी के पक्ष में जात लउकत बा. कुल 403 सीट में से बीजेपी के अकेले 202 सीट मिलत लागत बा जबकि बसपा आ सपा-कांग्रेस गठबंधन के बड़हन हार मिलत लइकत बा. बसपा 47 सीट लेके … Read more

 33 total views

टटका खबर, 29 जनवरी 2017

अखिलेश के राहुल से साथ से खिसियाइल मुलायम सिंह आजु एलान क दिहलन कि ऊ एह गठबन्हन ला प्रचार ना करीहन. कहलन कि एकर कवनो जरुरत ना रहल आ सपा अकेले सरकार बनावे लायक जीत हासिल क लीत अब पाँच बरीस के मौका गँवा दिहलन अखिलेश. उनुका इहो शिकायत बा कि कई लोग के टिकट … Read more

 56 total views

टटका खबर, 28 जनवरी 2017

बिहार में फेरु भइल शिक्षा घोटाला. पर साल बिहार के बदनाम बोर्ड घोटाला का तरहे एगो नया घोटाला शिक्षा का क्षेत्र में भइल सामने आइल बा. बिहार विश्वविद्यालय में भइल एहू घोटाला के केन्द्र में वइसने रसूख वाला मौदूद बा जवना चलते ओकरा प केहू हाथ डाले के हिम्मत नइखे करत. ललन सिंह के नाम … Read more

 27 total views

जात पाँत पूछे नहीं कोई, हरि को भजे सो हरि को होई

आजु लखनऊ में भाजपा के घोषणा पत्र जारी करत भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष अमित शाह दावा कइलन की यूपी में भाजपा दू तिहाई बहुमत ले के सरकार बनाई। कहलन की भाजपा सरकार में कवनो जाति से बेईमानी ना होखी आ सभका साथे समान आ बढ़िया बेवहार होखी। अबहिन नौकरी देबे में, लैपटॉप बनते में, भ … Read more

 17 total views

टटका खबर, 27 जनवरी 2017

काल्हु आइल ओपिनियन पोल में बतावल गइल बा कि उत्तर प्रदेश, पंजाब, गोवा, उत्तराखण्ड, अउर मणिपुर में होखे वाला विधानसभा चुनाव में पंजाब छोड़ हर राज्य में भाजपा सबले आगा रही. उत्तर प्रदेश, पंजाब, अउर गोवा में त्रिशंकु परिणाम आई जबकि उत्तराखंड में भाजपा के बहुमत मिल जाई. कश्मीर के गुरेज सेक्टर में बुध का … Read more

 36 total views

टटका खबर, 26 जनवरी 2017

आजु देश भर में 68वां गणतंत्र दिवस धूमधाम आ खुशी उल्लास का साथे मनावल जात बा. एह मौका प दिल्ली के राजपथ पर देश के सैनिक ताकत, प्रौद्योगिकी आ पुरहर सांस्कृतिक विरासत के शानदार झलक देखे के मिलल. परेड का बाद प्रंधानमंत्री दर्शक दीर्घा का लगे आ के लोगन के अभिवादन कइलें. गणतंत्र दिवस परेड … Read more

 22 total views

2017 में पद्म पुरस्कारन से सम्मानित लोगन के पूरा सूची

एह साल 2017 में पद्म पुरस्कारन से सम्मानित लोगन के पूरा सूची पद्म विभूषण – मुरली मनोहर जोशी (सार्वजनिक सेवा) शरद पवार (सार्वजनिक सेवा) महाराष्ट्र, येसुदास (संगीत) केरल, पी एस संगमा(सार्वजनिक सेवा) मरोणपरांत, मेघालय, सुदंरलाल पटवा(सार्वजनिक सेवा) मध्यप्रदेश, सद्गुरु जग्गी वासुदेव (अध्यात्म) तमिलनाडु,उ ड्डपी रामचंद्र राव (विज्ञान अउर इंजीनियरिंग) कर्नाटक। पद्म भूषण- विश्व मोहन भट्ट(संगीत) … Read more

 65 total views

टटका खबर, 25 जनवरी 2017

दुनिया के शेयर बाजारन के रुख आ बजट से पहिले बैंकिंग अउर फाइनेंस कंपनियन के शेयर में भइल जोरदार लिवाली से आजु मुम्बई शेयर बाजार हाल के तीन महीना में सबले ऊँचाई ध लिहलसि. पांच राज्यन में होखे जात विधानसभा चुनाव के देखत चुनाव आयोग भारतीय रिजर्व बैंक से निहोरा कइले बा कि उमीदवारन के … Read more

 43 total views

टटका खबर, 24 जनवरी 2017

यूपी चुनाव ला 403 में से 371 सीट पर उम्मीदवार दे चुकल भाजपा के सूची में एकहु मुस्लिम नाम नइखे। जबकि दोसरा तरफ सपा, कांग्रेस, बसपा मुस्लिम वोट खातिर हर संभव कोशिश करत बाड़े। ऊपर से भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष आज दावा कइलन की भाजपा के सरकार बनल त अयोध्या में राम मंदिर बनवा दीहल … Read more

 104 total views

टटका खबर, 18 जनवरी 2017

(साँझ 5 बजे ले) यूपी चुनाव ला तीन गो वंशवादी गोल – सपा, कांग्रेस, आ रालोद – के गठबन्हन बने के भरपूर उमेद लागत बा. बाप से बगावत क के सपा गोल के सुप्रीमो बन चुकल अखिलेश एह गठबन्हन के रूप रेखा तय करीहें. बतावल जात बा कि कांग्रेस के 90 गो सीट आ रालोद … Read more

 81 total views

बाप-बेटा नौटंकी में भाई-चाचा गड़ही में

अपना जिलेबिया दिमाग आ राजलीटी में कुश्ती के दांवपेंच में माहिर मानल जाये वाला मुलायम जतना मुलायमियत से अपना बेटा से हार जाये वाला कुश्ती लड़लन ओकरा से सवाल उठत बा कि कहीं ई उनुकर सोचल समुझल चाल त ना रहुवे! बेटा के मुख्यमंत्री बनवा दीहल आसान रहुवे बाकिर गोल के कमान सउंपल मुश्किल रहल। … Read more

 109 total views

टटका खबर, 9 जनवरी 2017

छपरा टीसन प आजु सबेरे मुम्बई से मुजफ्फरपुर जात पवन एक्सप्रेस के एगो कोच में तलाशी लेत रेल पुलिस का हाथे एगो झोरा लागल जवना के केहु दावेदार ना बनल. ओह झोरा से ढेरे असलहा बलामद भइल बा. सवारियन से पूछला से कुछऊ थाह ना लाग पावल. यूपी चुनाव घोषणा का बाद कानून व्यवस्था बनवले … Read more

 75 total views

नोटबन्दी प जदयू के समर्थन अबहियों जारी बा

बिहार जदयू के अध्यक्ष वशिष्ठ नारायण सिंह आजु पटना में कहलन कि नोटबन्दी का समर्थन में उनकर गोल अबहियों टिकल बा. एह महीना का बाद हालात पर विचार कइल जाई. जान जाईं कि जदयू जवना महागठबन्हन में शामिल बा तवना के दू गो गोल – कांग्रेस आ राजद – नोटबन्दी से छनछनाइल बाड़ें. बाकिर जदयू … Read more

 16 total views

हाथी के चार सौ एगो साथी

यूपी चुनाव ला सबले पहिले आपन उम्मीदवारन के लिस्ट जारी क दिहली हाथी के पिलवान मायावती. आजु जारी लिस्ट में 101 नाम का साथ बसपा के 401 गो उमीदवारन के नाम के एलान हो गइल. सोनभद्र के दू गो सीट अबहीं ले तय नइखे कि जनरल रहे वाला बा कि रिजरभ. जसहीं तय होखी तसहीं … Read more

 19 total views,  1 views today

तय ना भइल कि साइकिल के हैण्डल केकरा हाथे लागी

समाजवादी गोल के पारिवारिक झगड़ा सझुराए के नाम नइखे लेत. काल्हु बेटा अखिलेश का तरफ से चाचा रामगोपाल चुनाव आयोग का सोझा डेढ़ लाख पन्ना के सबूत सँउप के असली समाजवादी होखे के दावा कइलन आ कहलन कि साइकिल निशान के असली हकदार उनुके गोल बावे. आजु बाप मुलायम चाचा शिवपाल के संगे गोल के … Read more

 54 total views