Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

टटका खबर, 25 जनवरी 2017



दुनिया के शेयर बाजारन के रुख आ बजट से पहिले बैंकिंग अउर फाइनेंस कंपनियन के शेयर में भइल जोरदार लिवाली से आजु मुम्बई शेयर बाजार हाल के तीन महीना में सबले ऊँचाई ध लिहलसि.

पांच राज्यन में होखे जात विधानसभा चुनाव के देखत चुनाव आयोग भारतीय रिजर्व बैंक से निहोरा कइले बा कि उमीदवारन के बैंक से हर हफ्ता रुपिया निकाले के सीमा चौबीस हजार से बढ़ाके दू लाख क दिहल जाव.

भाजपा के पुरनिया नेता मुरली मनोहर जोशी, राकांपा के प्रमुख आ महाराष्ट्र के कद्दावर नेता शरद पवार, अउर मशहूर गायक येसुदास समेत सात लोग के आजु पद्म विभूषण पुरस्कार से सम्मानित करे के एलान भइल बा.

बिहार सरकार के 70 गो बड़का पुलिस अधिकारी अबहीं ले अपना अचल सम्पत्ति के ब्योरा सरकार का लगे नइखन जमा कइले. एह प नाराजगी जतावत ओह लोग के छह दिन का भीतर ई जानकारी जमा करा देबे के आदेश दीहल गइल बा.

मिर्जापुर जिला के चुनार कोतवाली घलाका में एगो सड़क दुर्घटना में वाराणसी परीक्षा देबे जात मोटरसाइकिल सवार नवही के मौत हो गइल. बतावल जात बा कि मरे वाला विन्ध्याचल के महौरा गांव के 22 बरीस उमिर के जयचन्द्र रहलन जिलकर बिआह एही दिसम्बर में भइल रहे.

यूपी बोर्ड के हाई स्कूल आ इण्टर के परीक्षा 16 मार्च से शुरु होखी आ 21 अप्रेल ले पूरा होखी.

उत्तर प्रदेश में मऊ के हलधरपुर इलाका में पिछला दिने भइल एगो आदमी के हत्या का केस में ओकर मेहरारु आ मेहरारु के प्रेमी समेत तीन जने के पुलिस गिरफ्तार क लिहले बिया. मामिला के खुलासा करत पुलिस एकरा के आशनाई के मामिला बतवलसि.

बिहार में सत्तारूढ़ जनता दल यूनाइटेड (जदयू) यूपी मे होखे जात विधानसभा चुनाव में ना त आपन उमीदवार खड़ा करी ना ही केकरो तरफ से प्रचार करी.

यूपी चुनाव में अपना दल के दूनू फरीक अलग चुनाव लड़िहे। महतारी बेटी में समझौता नइखे संभव। बेटी अनुप्रिया पटेल केंद्र में मंत्री बाड़ी आ उनकर गुट भाजपा का साथे रही।

सोनभद्र जिला के दुद्धी इलाका में झारो खर्दु गाँव में एगो नवहिन लईकी काल्हु साँझ घर में फाँसी लगा के जान दे दिहलसि। ओकर महतारी दुर्गागावति देवी जिला पंचायत सदस्या हई।

गोण्डा जिला के वजीरगंज इलाका में स्कुल जात घरी 16 बरीस के एगो लइकी काजल ट्रेक्टर से कचरा के मर गइल। लइकी जमुनहा मझरेती के रहुवे।

बलिया के फेफना से बसपा उमीदवार अम्बिका चौधरी आ फेफना बसपा अध्यक्ष नरेंद्र कुमार धुसिया का खिलाफ बेसी गाड़ियन के काफिला आ असलहा ले के चलला का चलते पुलिस केस दर्ज कइले बिया।

अमेरिका के राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रम्प काल्हु भारत के पीएम मोदी जी से फोन प बतियवलें आ उनुका के एह साल के आखिर में अमेरिका आवे के नेवता दिहलन. ऊ भारत के अमेरिका के पोढ़ दोस्त बतवलन आ उमीद जतवलन कि ई नाता अउरी पोढ़ होखी.

देश के मुख्यमंत्रियन के समिति केन्द्र सरकार से कहले बिया कि बैंकन से एक बेर में पचास हजार रुपिया से बेसी निकलला प ट्रांजेक्शन टैक्स लगावल जाय. पिछलो सरकार का बेरा अइसने सलाह दिआइल रहुवे बाकिर चौतरफा विरोध का चलते लागू ना कइल जा सकल. अब सरकार के कहना बा कि चूंकि देश के डिजिटल व्यवस्था अब पुरहर हो गइल बा त नगद लेनदेल प टैक्स लगावल जा सकेला.

अखिलेश के दुआरी से खाली हाथ लवटावल मुख्तार अंसारी आ उनुकर भाई अब बहिना के दुआरी गोहार लगावे का तइयारी में बाड़ें. बतावल जात बा कि बाहुबली मुख्तार अंसारी के भाई शिबगतुल्लाह अंसारी आ मुख्तार के बेटा अब्बास अंसारी के बसपा से टिकट मिल सकेला. एही बीच मऊ अउर मोहम्मदाबाद से बसपा के सगरी उमीदवारन के हटा लिहलो के खबर बा.

आजमगढ़ के जीयनपुर इलाका के के एल सिंह कॉलेज में एगो प्रोफेसर आ एगो छात्रा के बिजली करंट लगला का चलते मौत हो गइल. कॉलेज में होखे जात स्काउट गाइड के सालाना समारोह में शामिल होखे ला अगर बगल के कॉलेजन के शिक्षिका आ छात्रा जुटल रहुवे आ कॉलेजे में ठहरल रहुवे.

गणतन्त्र दिवस के धेयान में राखत आजु रतगरे बक्सर जिला जेल के औचक निरीक्षण करे आपन टीम ले के पँहुच गइलन जिलाधिकारी. एह छापेमारी में पुलिस के एगो छूरा, जीन गो छेनी आ दू गो विदेशी ताला मिलल.

मध्य प्रदेश के बडवानी में इंजीनियरिंग के पढ़ाई करे आइल यूपी के बलिया जिला के लइका कुछ दिन से गायब बा. ओकरा मामा के शिकायत प पुलिस अब ओकरा के खोजे में लागल बिया.

काल्हु मंगल के राति बिहार के सारण जिला के छपरा शहर में साहेबगंज बुटनबारी मुहल्ला में एगो बरतन दुकानदार के गोली मार के जान ले लिहले स अपराधी.
दुकानदार भोला प्रसाद अपना बेटा धीरज का संगे दुकान बन्द क के घरे जाए वाला रहलन जब अपराधी एकदम लगे आ के दूनू जने के गोली मार के परा गइलन सँ. दूनू जने के तुरते अस्पताल ले गइल तोग जहाँ भोला प्रसाद के मौद हो गइल आ धीरज के इलाज चलत बा.
खून काहे भइल, के कइल एहकर तफतीश हो रहल बा.

Tags: , , , , , , , , , , , , , , , , , , , , , , ,

%d bloggers like this: