Archives for February 2017
भारत रत्न आ आजाद हिन्दुस्तान के पहिलका राष्ट्रपति डॉ. राजेन्द्र प्रसाद के 54वीं पुण्यतिथि के अवसर पर आजु उनुका के सरधा से याद कइल गइल आ देश में कई जगहा कार्यक्रम में उनुका के श्रद्धांजलि दीहल गइल. पटना के बांसघाट प राजकीय समारोह में बिहार के राज्यपाल रामनाथ कोविंद आ मुख्यमंत्री समेत अनेके खासमखास लोग
सपा से फेंका के बसपा के आँचर के छाँह लिहले बाहुबली मुस्लिम नेता मुख्तार अंसारी के पैरोल प रिहाई के आदेश के आजु दिल्ली उच्च न्यायालय रद्द क दिहलसि आ अब उनुका जेल का भितरे से चुनाव लड़े के पड़ी. मुख्तार अंसारी के मिलल पैरोल का खिलाफ चुनाव आयोग दिल्ली उच्च न्यायालय में गोहार लगवले
21 फरवरी का दिने माई भासा दिवस का मौका प भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता दिआवे ला भोजपुरी जन-जागरण अभियान का बैनर तरे जंतर मंतर पर धरना दीहल लोग. साहित्य अकादमिओ दू दिन चले वाला मातृभाषा संरछन दिवस मनवलसि. एह मौका प राज्यसभा सांसद अनवर अली कहलन कि जब बहुते कम कम लोगन के भासा के
यूपी के प्रतापगढ़ जिला के महेशपुर गांव से तीर्थयात्रियन के ले के झारखंड में देवघर जात एगो बस के टक्कर रोहतास जिला के शिवसागर इलाका में मंगल देर रात नेशनल हाईवे का किनारे खड़ा ट्रक से हो गइल. एह हादसा में तीन जने के मौत ठाँवे प हो गइल आ 13 गो अउर लोग घवाहिल
पडरौना आइल श्रीरामजन्म भूमि न्यास के अध्यक्ष महंत नृत्यगोपाल दास जी आजु कहनी कि विधानसभा चुनाव का बाद राम मंदिर बनवावे खाति धर्माचार्य लोग प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी से बतियावे दिल्ली जाई. बिहार विधानपरिषद के चार सीट प 9 मार्च का दिने होखे जात चुनाव ला परचा दाखिल करे के आजु आखिरी दिन रहुवे. मंगल का
भोजपुरी सिनेमा के सुपरस्टार रविकिशन शुक्ला आजु दिल्ली में भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष अमित शाह के मौजूदगी में भाजपा में शामिल हो गइलन. याज करीं कि पिछला बेर रविकिशन जौनपुर लोकसभा सीट से कांग्रेस का टिकट प किस्मत अजमवले रहन. दिल्ली में भाजपा अध्यक्ष बनावल जा चुकल मनोज तिवारी से इनकर कम्पीटिसन भोजपुरी सिनेमा उद्योग
यूपी विधानसभा चुनाव के तिसरका दौर के वोटिंग कालमहु अतवार का दिने होखे जा रहल बा. एह दौर में 12 जिलन – फर्रूखाबाद, कानपुर, कानपुर देहात, हरदोई, कन्नौज, मैनपुरी, इटावा, औरेया, लखनऊ, उन्नाव, सीतापुर अउर बाराबंकी – के 69 सीटन ला वोटिंग करीहें मतदाता. मतदान सबेरे सात बजे से शुरू होके साँझ पांच बजे ले
(शनिचर सबेरे 10 बजे के अपडेट) घन कुहा आ खराब मौसम का चलते पूर्वोत्तर रेलवे के गाडी संख्या 15204 लखनऊ जं.-बरौनी एक्सप्रेस 24 फरवरी आ 3 मार्च के, अउर गाडी संख्या 15205 लखनऊ जं.-जबलपुर एक्सप्रेस 22 फरवरी आ 1 मार्च का दिने ना चलावल जइहें स. सोनभद्र जिला के शक्तिनगर इलाके में पीडब्लूडी मोड़ का
तमिलनाडु में शशिकला के चुनल नेता इके पलानीसामी के मुख्यमंत्री पद के किरिया धरा दीहल गइल. उनुका साथे 30 गो मंत्रियनो के किरिया घरावल गइल. पलानीसामी शनिचर का दिने आपन बहुमत साबित करा के देखइहें. ओने स्वर्गीय जयललिता के बनावल मुख्यमंत्री पन्नीरसेल्वम के कहना बा कि ऊ कवनो ना कवनो तरह पलानीसामी के पलानी उजाड़िये
सिवान के बाहुबली नेता आ सिवान से राजद सांसद रहल शहाबुद्दीन के सिवान जेल से हटा के तिहाड़ जेल भेजे के आदेश सुप्रीम कोर्ट दे दिहलसि आ इहो कहलस कि उनुका प चलत सगरी मामिला के सुनवाई वीडियो कान्प्फ्रेंसिंग से करावल जाव. एह फैसला के स्वागत करत भाजपा के बड़ नेता आ केन्द्रीय मंत्री रहल
बिहार बोर्ड का इंटर परीक्षा आजु मंगल का दिन से शुरु भइल आ पहिलके दिने च्र दर्जन से अधिका नकलचियन के निष्कासित करे पड़ गइल. दरभंगा साइंस कॉलेज के प्राचार्य के अधीक्षक पद से हटा दीहल गइल. पटना हाई कोर्ट से रिटायर हो चुकल न्यायाधीश श्याम किशोर शर्मा के बिहार लोकायुक्त के अध्यक्ष बनावल गइल
बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार साफ क दिहलन कि नोटबंदी प प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के फैसला के दीहल उनुकर समर्थन अबहियों जारी बा आ ओकरा वापसी के बात कइल बेकार बा. कहलन कि अब बेनामी संपति का खिलाफ कार्रवाई होखल चाहीं. यूपी विधानसभा चुनाव के आखिरी दौर के चुनाव ला परचा दाखिला के तिसरका दिने
जम्मू कश्मीर में आजु भोरे कुलगाम जिला में सुरक्षाबल आ लश्कर-ए-तैयबा के आतंकवादियन का बीचे भइल मुठभेड़ में चार गो आतंकवादी मारल गइलें. सेना के दू गो जवानो शहीद हो गइलें. गोलीबारी में तीन गो अफरो सैनिक घाहिलो बाड़ें. बस्ती जिला के कोतवाली इलाका से गैरकानूनी असलहा बनावे वाले अड्डा के भंडाफोड़ करत पुलिस बावरिया
भोजपुरी सिनेमा जगत के पॉवरस्टार पवन सिंह के भोजपुरी फिलिम ’सरकार राज’ एह शुक का दिने देश भर में एके साथ रिलीज भइल आ हर जगहा एकर बढ़िया स्वागत भइल देखनिहारन का भीड़ के साथ. प्रीमियर का मौका पर देखनिहार अपना सोझा पॉवर स्टार पवन सिंह के देखके गदगद हो गइलें. लोग उनुका साथे जम
सोशल मीडिया पर प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के आपत्तिजनक फोटो पोस्ट करे वाला मोबाइल दूकानदार के गाजीपुर पुलिस गिरफ्तार क के जेल भेज दिहलसि. कासिमाबाद में मोबाइल के दुकान चलावे वाला सोनबरसा गांव के बरक्कत राईनी अपना मोबाइल से सोशल मीडिया पर प्रधानमंत्री के आपत्तिजनक तस्वीर पोस्ट कइले रहल. एकरा खिलाफ संघ के ब्रजभूषण सिंह आ
तेरह मार्च से रउरा अपना खाता से जतना जरुरत होखे ओतना रुपिया निकाल सकब. अबहीं ई सीमा 24 हजार के बा. 20 फरवरी से एकर सीमा बढ़ा के पचास हजार क दीहल जाई जवन 13 मार्च से एकदमे खतम हो जाई. राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव अपना दामाद राहुल यादव के समर्थन में बुध का
चारा घोटाला में सजा पा चुकल आ राजद गोल के अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव यूपी विधानसभा चुनाव में काल्हु से अपना दामाद के प्रचार क के समाजवादी गोल ला प्रचार करे के शुरुआत करीहें. जान जाईं जे बिहार में लालू के गोल का साथे सरकार चलावा वाला नीतीश कुमार एह चुनाव में कवनो गोल के
(परोसे के रहली टटका बाकि समय ना मिलला का चलते बासी हो गइल बा सोमार के खबर. बाकि अरुआइल नइखे. पढ़ि के देखीं. वइसहूं भोजपुरियन के फुरसत कहाँ बा भोजपुरी साइत प आवे के. तबो पकावल परोसत रहीलें कि आजु ना त काल्हु अइबे करी सभे.) बिहार के मुख्यमंत्री आ जदयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष नीतीश
जयललिता के विवादित रहल सहेली शशिकला के आजु अन्ना द्रमुक विधायक दल के नेता चुन लीहल गइल. उनुका नाम के प्रस्ताव पार्टी विधायकन के बइठक में तमिलनाडु के मुख्यमंत्री ओ पनीरसेल्वम कइलन जवना के सगरी लोग एकमत से मान लीहल. पनीरसेल्वम मुख्यमंत्री पद से इस्तीफो दे दिहलन. अब शशिकला तमिलनाडु के नयका मुख्यमंत्री बन जइहें.
यूपी विधानसभा चुनाव ला प्रचार करत पीएम मोदी आजु मेरठ में कहलन कि भाजपा के सरकार बनल त गन्ना किसानन के सगरी बकाया 14 दिन का भितरे चुका दीहल जाई. कहलन कि समाजवादी गोल का चलते राज्य पिछड़त बा. मऊ के कोपागंज इलाका में आजु डाढ़ी चट्टी का नियरा एगो टेम्पो ए जीप के टक्कर
Older Posts››