टटका खबर, 1 फरवरी 2017, बुध


पहिले विदेश राज्यमंत्री रह चुकल सांसद ई अहमद के मौत का बावजूद देश के अम बजट आजुवे पेश होखे जात बा. वित्त मंत्री अरूण जेटली आजु सबेरे राष्ट्रपति भवन जा के एकर औपचारिक अनुमति ले लीहलन. अबकी के बजट में रेलो के बजट शामिल रहे वाला बा आ अब रेल बजट अलगा से पेश ना होखल करी.

सारण जिला के भगवानबाजार ईलाका के लाई बाजार के 32 बरीस के एगो नवही पारिवारिक कलह से अँउजा के फाँसी लगा के जाल दे दिहलसि.

भदोही जिला के सुरियावां इलाका में कुन्नीपुर गांव के एगो आदमी के खेत पटवत घरी टुल्लू में करंट उतर अइला का चलते झँउस गइल.

मिर्जापुर जिला के कछवां इलाका के लरवक गाँव के एगो बताह नवही गोड़ बिछलइला से इनार में गिर गइल. अगल बगल के लोग ओकरा के निकाल के अस्पताल ले गइलें जहाँ डाक्टर ओकरा के मर गइल बता दिहलें.

सोनभद्र जिला के रार्बटसगंज इलाका के कुसुम्हा नई बाजार के एगो लइका अपना बहिल के ससुरारी सुकृत गांव आइल रहुवे. ओहिजा से साइकिल से लवटत में एगो पिकप गाड़ी के धक्का लगला से मर गइल.

जौनपुर शहर कोतवाली इलाका में उपरवार आमदानी से करोड़पति बन गइल बेसिक शिक्षा अधिकारी कार्यालय में तैनात हेड क्लर्क के गिरफ्तार करे ला वाराणसी से जौनपुर आइल कई जगहा छापा मरलसि बाकि धूर्त शिरोमणि पकड़ में ना आइल.
बसंत पंचमी के पर्व आजु धूमधाम से मनावल जा रहल बा. एही दिने कला आ विद्या के देवी माँ सरस्वती के पूजा होला. दुख के बात बा कि ममता बनर्जी के राज में पश्चिम बंगाल में मुस्लिम बहुल इलाका में एहप रोक लगा दीहल गइल बा काहें कि मुसलमान एकरा खिलाफ बाड़ें. एगो स्कूल में सरस्वती पूजा के माँग करेवालन पर पुलिस जम के लाठी बरसवलसि आ कई गो छात्र-छात्रा घाहिल हो गइलें.

बलिया के बैरिया इलाका में आजु फजीरे दयाछपरा आ पान्डेयपुर गांव का बीचे सड़क किनारे झाड़ी मे फेंकल एगो मेहरारू के लाश मिलला से सनसनी पसर गइल बा. लगभग 22 बरीस के एह नवहिन के हत्या क के एह गड़हा में फेंक दीहल बा.

वाराणसी के फूलपुर इलाका में काल्हु मंगारी गाँव के एगो नवही के ओकरा खेत पर काम करत घरी मोटर साइकिल से आइल दू गो बदमाश गोली मार के भाग गइले, घाहिल नवही के अस्पताल में भरती करावल गइल बाकि ओकर जान ना बचावल जा सकल.

मिर्जापुर के लालगंज इलाका में रामपुर कामता प्रसाद गांव के एगा पाँच बरीस के लइका नहर में डूब के मर गइल. बतावल जात बा कि अपना दादी संगे ऊ मटर तूड़े गइल रहल. दादी मटर तूड़े में लागल रही आ लइका नहर का ओर बढ़ गइल जहाँ नहर में गिर के डूब गइल.

सोनभद्र के कोन इलाका में काल्हु खेमपुर गाँव के एगो नवही मोटरसाइकिल प रामगढ़ बाजार से लवटत रहल जब तेलगुड़वा का नियरा बेकाबू होके ओकर मोटर साइकिल पुलिया से टकरा गइल आ ऊ बहुते घवाहिल हो गइल. ओकरा के अस्पताल में भरती करावल गइल बा.