बसिया खबर, 6 फरवरी 2017, सोमार

(परोसे के रहली टटका बाकि समय ना मिलला का चलते बासी हो गइल बा सोमार के खबर. बाकि अरुआइल नइखे. पढ़ि के देखीं. वइसहूं भोजपुरियन के फुरसत कहाँ बा भोजपुरी साइत प आवे के. तबो पकावल परोसत रहीलें कि आजु ना त काल्हु अइबे करी सभे.)



बिहार के मुख्यमंत्री आ जदयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष नीतीश कुमार के अफसोस बा कि यूपी में बनल गठबन्हन में बसपा काहे ना शामिल भइल. खाली सपा कांग्रेस गठबन्हन से भाजपा के हरावल तय ना मानल जा सके.

सहारा चिटफंड मामले में उच्चतम न्यायालय सहारा समूह से वइसन संपतियन के जानकारी देबे के कहलसि जवना प कवनो करजा नइखे लिहले कंपनी. साथ ही कंपनी के खास प्रोजेक्ट मुम्बई पूणे का बीच बनल एम्बी वैली के जब्त करे के आदेशो दे दिहलसि. सहारा समूह लाखों लोग के निवेश में गड़बड़ी करे के आगोपी बिया.

पिछला कई दिनसे चलत ससपेंस खतम करत बलिया नगर विधानसभा सीट से आनन्द स्वरुप शुक्ला आ बैरिया सीट से सुरेन्द्र सिंह के टिकट दिहलसि भाजपा.

आजमगढ़ के जहानागंज इलाका में आजु सोमार देर रात मोटरसाइकिल सवार कुछ बदमाश जलालपुर के पेट्रोल पम्प मैनेजर से असलहा सटा के रुपिया से भरल बैग छीन के भागे का फेर में गोली मार दिहले सँ जवना से मैनेजर के मौत ठाँवे प हो गइल.

सोनभद्र जिला के बीजपुर इलाका में नकटू गाँव का नियरा के किसान सेवा केंद्र पेट्रोल पम्प पर देर सँझिया तीन गो मोटरसाइकिलन से आइल छह गो लुटेरा मैनेजर का कनपटी प तमंचा सटा के पौने दू लाख रुपिया लूट लिहलें आ तमंचा लहरावत रेणुकूट ओर भाग निकललें.

बस्ती जिला के कोतवाली इलाका से गैरकानूनी शराब बनाए वाला गिरोह के छह जने के गिरफ्तार क के ओकना का निशानदेही प बहुते शराब आ शराब बनावे के सामान बरामद कइलसि पुलिस.

जौनपुर जिला के शाहगंज कोतवाली इलाका दीपाईपुर गांव के एगो रिटायर्ड कर्मचारी बैंक से बीस हज़ार रुपिया निकाल के साइकिल से घरे आवत रहलें. राह में महमदपुर गांव का नियरा कुछ लूटेरा उनुका प हमला होल दीहलें आ उनुकर खून क के रुपिया ले भगले सँ.

नेताजी सुभाष चन्द्र बोस के ड्राइवर रहल आ आजाद हिंद फौज के कर्नल निजामुद्दीन के आजमगढ़ में अपना पुश्लैनी घर में निधन हो गइल. जनाजा के नमाज पढ़ला का बाद गांवे के कब्रिस्तान में उनुका के सुपुर्दे-खाक क दीहल गइल, एह सेनानी के सरकार का तरफ से कवनो सम्मान ना दीहल गइल.

कोलकाता-छपरा-आसनसोल का बीच एगो हप्तवारी समर स्पेशल के दस फेरा चलाई पूर्वोत्तर रेलवे. गाडी संख्या अप 03135 कोलकाता-छपरा कोलकाता से 17 आ 24 अप्रैल, अउर 1, 8, 15, 22, आ 29 मई अउर 5 आ 12 जून के चलावल जाई. डाउन 03136 छपरा-आसनसोल छपरा से 11, 18, आ 25 अप्रैल, 2, 9, 16, 23, आ 30 मई अउर 6 आ 13 जून के चलावल जाई.

सोनभद्र जिला के अनपरा इलाका सिदहवा गांव के कुछ मेहरारु आ लइकी घर के पुताई करे खाति झिंगूदह हनुमान मंदिर का लगे के टीला से माटी निकालत रही सँ. एही बीच अचके में टीला भस गइल आ माटी में दबइला से दू गो लइकियन के मौत हो गइल आ दू गो मेहरारु घवाहिल हो गइली सँ.

गोरखपुर कैन्ट इलाका में सिविल लाइन के एगोनवही रात के खाना खा के मोबाइल प बतियावत सड़की पर टहलत रहुवे. एही समय दू गो मोटरसाइकिलन से आइल चार गो बदमाश घेर के गोली मार दिहलें.

वाराणसी चौक इलाका में वाहन चेकिंग करत घरी पुलिस बिहार के एगो व्यवसायी का लगे से पांच लाख से अधिका नकदी बरामद कइलसि. एह नकदी का बारे में ओकरा लगो कवनो सफाई ना रहला से रुपिया जब्त क लीहल गइल.

बक्सर जिला के नदौन हाल्ट का नियरा रेल पटरी पर देशी बम के विस्फोट भइला से अफरा-तफरी मच गइल, 3134 डाउन वाराणासी-सियालदह एक्सप्रेस थोड़हीं देर बाद ओहिजा से गुजरे वाली रहल. संजोग से एगो बड़हन हादसा होखत होखत बाच गइल.

वाराणसी के सिगरा इलाका में भइल एगो सड़क हादसा में गाजीपुर के रेवतीपुर के एगो डाक्टर के मोत हो गइल. बतावल जात बा कि ऊ कमच्छा इलाका में एगो बिआह में शामिल भइला का बाद कार से घरे लवटत रहले जब कार सड़क डिवाइडर से टकरा गइल आ ऊ बहुते घवाहिल हो गइलन. उनुका के एगो निजी अस्पताल में भर्ती करावल गइल जहाँ डॉक्टर उनुका के मरल बता दिहलें. कार ड्राइवर फरार हो गइल रहे.

सारण जिला के मशरख पेट्रोल पम्प का नियरा दू गो मोटरसाइकिलन के आमने सामने टक्कर में दू जने के मौत हो गइल आ तीन जने घवाहिल हो गइलें.
मिर्जापुर के विन्ध्याचल इलाका में सोमार साँझ के शिवपुर के बिरला अतिथि गृह सिद्धपीठ पर गंगा पूजन करत घरी गोड़ बिछिलइला से आईएएस अधिकारी राजेश परसिया के मेहरारू गंगा में गिर गइली आ डूबला से उनुकर मौत हो गइल.

गोरखपुर के पीपीगंज इलाका में सोमार का दिने कौडिया टीसन का नियरा एगो मेहरारू के लाश मिलल. एह लाश प चोट के निशान बा. लागत बा कतहीं अउर मार के एकर लाश एहिजे फेंक गइल बा केहू.

बस्ती जिला के परशुरामपुर इलाका में सोमार का दिने बस्ती-फैजाबाद राष्ट्रीय राजमार्ग प घघौवा का नियरा बस्ती ओर से फैजाबाद जात कार ने डिवाईडर तूड़त दोसरा लेन में चल गइल आ फैजाबाद से बस्ती ओरी जात मोटरसाइकिल के धक्का मार दिहलसि. एह हादसा में मोटरसाइकिल सवार दूनू जने के ठाँवे प मौत हो गइल.