तेरह मार्च से रउरा अपना खाता से जतना जरुरत होखे ओतना रुपिया निकाल सकब. अबहीं ई सीमा 24 हजार के बा. 20 फरवरी से एकर सीमा बढ़ा के पचास हजार क दीहल जाई जवन 13 मार्च से एकदमे खतम हो जाई.
राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव अपना दामाद राहुल यादव के समर्थन में बुध का दिने गौतमबुद्धनगर में प्रचार कइलन. जाने जोग बा कि अबहीं ले सपा का तरफ से प्रचार करे मुलायम सिंह यादव, सोनिया गांधी, अउर प्रियंका गांधी वाड्रा नइखी निककल. जबकि पहिला दौर के मतदान ला प्रचार बियफे का साँझ से बन्द हो जाए वाला बा. एह दौर के सबले खास सीट नोएडा के मानल जात बा जहवाँ से केन्द्रीय गृहमंत्री राजनाथ के पुत्र पंकज सिंह भाजपा उम्मीदवार बाड़न आ पहिला बेर विधानसभा जाए का तइयारी में बाड़न. सातवाँ आ आखिरी दौर के चुनाव ला अधिसूचना काल्हु बियफे का दिने जारी होखी.
बिहार के हाजीपुर के मूल निवासी आ आजमगढ़ में रहत 20 बरीस के एगो नवही अपना महतारी से रुपिया मंगलसि. ना मिलल त खिसिया के घर का नियरे रेल लाइन प जा के अमृतसर जात सरयू-जमुना एक्सप्रेस का सोझा कूद के जान दे दिहलसि.
मिर्जापुर जिला के चुनार इलाका के लालपुर गाँव के एगो बूढ़ अपना बेटी का घरे पैदले जीत रहल जब स्टेशन रोड पर दरगाह शरीफ का नियरा एगो मोटरसाइकिल सवार ओकरा के धक्का मार दिहलसि. घवाहिल बूढ़ के अस्पलाल ले जात में मौत हो गइल.
मऊ के सरायलखन्सी इलाका से एगो कुकर्मी के पुलिस गिरफ्तार क लगहलसि. ई कुकर्मी साल 2012 में एगो नाबालिग बच्ची से बलात्कार करे के कोशिश कइले रहल आ नाकाम रहला प ओकर जान ले लिहलसि आ लाश भूसा में तुकवा दिहले रहुवे. एह मामिला में ऊ जेलो जा चुकल बा. पुलिस के कहना बा कि बहरियाबाद गाजीपुर के ई कुकर्मी सीरियल किलर हवे.
गोरखपुर जिला के सहजनवा इलाका में गाहासाड़ टीसन का लगे से तेनुआरी मोहल्ला के एगो आदमी का लाश मिलल बा.
बलिया जिला के नगरा इलाका में महेन्दुआआ गाँव में दस बरीस के एगो बच्चा के लाश सरसों का खेत से मिलल. ऊ सोमारे से लापता रहुवे.
गोपालगंज जिला के विशंभरपुर इलाके से मंगल देर रात पुलिस एगो गाड़ी से ढेरहन देशी- विदेशी शराब बरामद क के दू गो शराब तस्करन के गिरफ्तार क लिहलसि. जान जाईं कि शराबबन्दी का बाद बिहार में अतना लोग जेल जात बा कि जेल में जगहा कम पड़ गइल बा.
बाल्मीकिनगर- नरकटियागंज रेल खंड प बगहा टीशन का आउटर सिग्नल का नियरा से रेलवे लाइन का किनारे बोरे में बंद एगो नवही के लाश मिलल बाकि ओकर मूड़ी ओहमें ना रहुवे. एह चलते ओकर पहचान करावे में दिक्कत आ रहल बा.
216 total views, 2 views today