भोजपुरी सिनेमा जगत के पॉवरस्टार पवन सिंह के भोजपुरी फिलिम ’सरकार राज’ एह शुक का दिने देश भर में एके साथ रिलीज भइल आ हर जगहा एकर बढ़िया स्वागत भइल देखनिहारन का भीड़ के साथ.
प्रीमियर का मौका पर देखनिहार अपना सोझा पॉवर स्टार पवन सिंह के देखके गदगद हो गइलें. लोग उनुका साथे जम के आपन सेल्पी लीहल. सभकर आभार जतावत पवन सिंह कहलन कि उनुका फिलिन के मिलल शानदार सफलता में सभे शामिल बा. कहलन कि जवने बानी रउवे सभ का बदौलत. आपन नेह छोह अइसहीं बनवले राखब सभे.
निर्माता के दावा बा कि सरकार राज पूरा भारत में अब ले के भोजपुरी सिनेमा के सगरी रिकार्ड तूड़ दिहले बा.
एह फिलिम के निर्माता इंडिया ई कॉमर्स लिमिटेड का बैनर में जसवंत कुमार आ अरविन्द दूबे हउवें. निर्देशक अरविन्द चौबे, संगीतकार मधुकर आनंद आ छोटे बाबा, वितरक बिहार में रेनू विजय फिल्म्स के प्रशांत निशान्त अउर मुंबई में इंडिया ई कॉमर्स लिमिटेड के प्रदीप भईया हउवें.
कलाकरन में पवन सिंह, मोनालिसा, अक्षरा सिंह, रानी चटर्जी, काजल राघवानी, जय सिंह, जसवंत कुमार, अयाज खान, जस्सी सिंह, बाल गोविन्द बंजारा वगैरह के नाम खास बा.
(रामचन्द्र यादव)
95 total views, 1 views today