Go to ...
RSS Feed

टटका खबर, 13 फरवरी 2017, सोमार



बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार साफ क दिहलन कि नोटबंदी प प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के फैसला के दीहल उनुकर समर्थन अबहियों जारी बा आ ओकरा वापसी के बात कइल बेकार बा. कहलन कि अब बेनामी संपति का खिलाफ कार्रवाई होखल चाहीं.

यूपी विधानसभा चुनाव के आखिरी दौर के चुनाव ला परचा दाखिला के तिसरका दिने जौनपुर में 12 उम्मीदवार अपन परचा दाखिल कइलें.

भदोही के शहर कोतवाली इलाका के बड़वापुर गांव के आ अधिवक्ता शम्भूनाथ तिवारी मोटरसाइकिल से ज्ञानपुर ओर जात रहलन जब एगो कार से धक्का लाग गइल आ ठाँवे प मौत हो गइल.

छपरा शहर के भगवान बाजार इलाका के गुदरी राय चौक का नियरा से दू गो नवजात शिशुअन के लाश बरामद भइल.

पश्चिम चंपारण जिले का वाल्मिकीनगर रोड टीसन का लगे पटरी पार करत में दू गो मेहरारू आ एगो लइका के ट्रेन से कटला का चलते मौत हो गइल.

भोजपुर जिला के जगदीशपुर इलाका के दलीपुर गांव का नियरा से एगो नवही के लाश बरामद भइल, पुलिस के लागत बा कि आशनाई के मामिला हो सकेला.

Tags: , , , ,

More Stories From चुनाव

%d bloggers like this: