टटका खबर, 14 फरवरी 2017, मंगल

बिहार बोर्ड का इंटर परीक्षा आजु मंगल का दिन से शुरु भइल आ पहिलके दिने च्र दर्जन से अधिका नकलचियन के निष्कासित करे पड़ गइल. दरभंगा साइंस कॉलेज के प्राचार्य के अधीक्षक पद से हटा दीहल गइल.

पटना हाई कोर्ट से रिटायर हो चुकल न्यायाधीश श्याम किशोर शर्मा के बिहार लोकायुक्त के अध्यक्ष बनावल गइल बा. आजु मंगल का दिने उहाँके पद आ गोपनियता के किरिया राज्यपाल जी धरवलीं.

कैमूर पुलिस एगो रंगदार के गिरफ्तार क लीहल गइल बा. ई रंगदार एगो महिला डॉक्टर से फोन प तीस लाख रुपिया रंगदारी मंगले रहुवे,

तमिलनाडु में अन्‍ना डी एम के पार्टी के शशिकला गुट के नेता चुनाइल इदाप्‍पडी पलानीसामी चेन्‍नई में राज्‍यपाल विद्यासागर राव से भेट क के सरकार बनावे के आपन दावा पेश कइलन. शशिकला के नाजायज संपति बनावे के जुर्म में चार बरीस के जेल सजा मिलला का बादो सत्ता प आपन प्रतिनिधि बइठा के राखे के चाल बा पलानीसामी के नेता चुनल.

उत्‍तराखंड में बुध 15 फरवरी के एके साथे सगरी सीटन के चुनाव करा लीहल जाई. 70 सीट में से एक सीट के चुनाव एगो उमीदवार के मरला का चलते एक सीट के चुनाव रद्द हो गइल. यूपी विधानसभा के दुसरका दौर के चुनावो बुध के होखी. एहिजा 11 जिला के 67 सीट प वोटिंग करावल जाई. यूपी के छठवां दौर के वोटिंग ला परचा दाखिल करे के आखिरी दिन रहल मंगल.

देवरिया जिला के मदनपुर इलाका के नकईल गोँव के एगो नवही अपना घर का कोठरी में फोँसी लगा के जान दे दिहलसि. जान देबे के कारण पता नइखे चलल.

जदयू के प्रवक्ता नीरज कुमार के कहना बा कि सरकार में रहते सरकारे के आलोचना कइल उनुका गोल के मंजूर नइखे, कहलन कि राजद के कुछ नेता लगातार सरकार के बदनाम करे में लागत बाड़ें आ जदयू अब एकरा के बरदाश्त ना करी. राजद के नेता उप मुख्यमंत्री तेजस्वी यादव के मुख्यमंत्री बनावल चाहत बाड़ें.

विधानसभा चुनाव के चलते होखत पुलिसिया कार्रवाई में सोनभद्र जिला के बिल्ली टीसन का लगे से तीन गो अपराधियन के असलहा समेत गिरफ्तार क लीहल गइल.

बलिया जिला के बांसडीह इलाका के पकड़ी के एगो नवही अपना मामा का साथे मोटरसाइकिल से राजागांव खरौनी अपना बहीन के ससुरारी जात रहल जब एगो सड़क हादसा में बांसडीह-बेरुआरबारी रोड प दादर भट्ठा का नियरा मामा भगीना दूनू जने के ठाँवे प मौत हो गइल.

फगुआ के भीड़ निपटावे खातिर गोरखपुर से आनन्द विहार दिल्ली का बीच एक जोड़ी वातानूकूलित होली स्पेशत चलावल जाई.

गोण्डा जिला के नगर इलाका में जिला पंचायत के दीहल पट्टी के मियाद ख़तम हो गइला का बाद जमीन सरकार के वापस करे के आदेश दिहले बाड़न जिलाधिकारी.