Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

टटका खबर, 16 फरवरी 2017, बियफे



तमिलनाडु में शशिकला के चुनल नेता इके पलानीसामी के मुख्‍यमंत्री पद के किरिया धरा दीहल गइल. उनुका साथे 30 गो मंत्रियनो के किरिया घरावल गइल. पलानीसामी शनिचर का दिने आपन बहुमत साबित करा के देखइहें. ओने स्वर्गीय जयललिता के बनावल मुख्यमंत्री पन्‍नीरसेल्‍वम के कहना बा कि ऊ कवनो ना कवनो तरह पलानीसामी के पलानी उजाड़िये के रहीहें. उनुकर गुट आजु नई दिल्‍ली में निर्वाचन आयोग से भेंट क के आपन ज्ञापन दिहलसि. एह लोग के दावा बा कि असली अन्नाद्रमुक उनुकरे वाला गुट ह. एही बीच विपक्षी द्रमुक के कहना बा कि विश्‍वासमत में ऊ केकरो साथे ना जाई.

देवरिया जिला के सलेमपुर कस्बा में भूंजा के कारोबार करे वाला एगो कारोबारी कालमहु बुध का रात शराब पी के आइल आ कोठरी में सूते चल गइल. बाद में देर रात खां पता बा कवना कारण से फाँसी लगा के जान दे दिहलसि.

बलिया जिला के सहतवार इलाका में महाराजपुर गांव के एगो आदमी अपना जवान बेटा आ गाँवे के एगो अउर आदमी साथे बांसडीह से अपना गांवे मोटरसाइकिल से लवटत रहलन जब सुरहिया कोल्ड स्टोरेज का नियरा एगो जीप से घक्का लाग गइल आ तिसरका आदमी के मौत ठाँवे प हो गइल. बापो बेटा धवाहिल हो गइल बाड़ें.

मिर्जापुर के हलिया इलाका के एगो प्रेमी जोड़ा अचके में थाना में आ गइल आ थानाध्यक्ष का सोझा फिल्मी स्टाइल में एक-दोसरा के वरमाला पहिरा के बिआह कर लिहलसि.

मिर्जापुर के पडरी इलाका के सिकरी गांव में ईंट भट्ठा प काम करे आइल बिहार के एगो मजदूर परिवार के मड़ई में बुध का रात आग लाग गइल जवना में दू गो लईका बहुते झँउसा गइले सँ. आजु सबेरे दूनू के इलाज का बावजूद जिला अस्पताल में मौत हो गइल. भट्ठा मालिक फरार हो गइल बा.

सोनभद्र के रार्बटसगंज इलाका में सुकृत गावं के आठ बरीस के एगो लइका अपना घर का सोझे ट्रक से कचरा गइल आ ओकर मौत हो गइल.

सारण जिला के दरियापुर इलाका के मड़िहान का नियरा दरियापुर दिघवारा रोड पर एगो ऑटो रिक्शा आ ट्रक के टक्कर में एगो औरत समेत दू जने के मौत ठाँवे प हो गइल आ छह जने घवाहिल हो गइलें.

यूपी के सतवाँ आ आखिरी दौर के वोटिंग ला परचा दाखिल करे के आजु आखिरी दिन रहल. तीसरा आ चउथका दौर के वोटिंग ला प्रचार के काम पूरा जोर धइले बा.

Tags: , , , , , ,

%d bloggers like this: