यूपी विधानसभा चुनाव के तिसरका दौर के वोटिंग कालमहु अतवार का दिने होखे जा रहल बा. एह दौर में 12 जिलन – फर्रूखाबाद, कानपुर, कानपुर देहात, हरदोई, कन्नौज, मैनपुरी, इटावा, औरेया, लखनऊ, उन्नाव, सीतापुर अउर बाराबंकी – के 69 सीटन ला वोटिंग करीहें मतदाता. मतदान सबेरे सात बजे से शुरू होके साँझ पांच बजे ले चली. एह बीच 2 लाख 41 हजार मतदाता 105 मेहरारु उम्मीदवार समेत 826 उम्मीदवारन के भावी तय क दीहें.
गाजीपुर जिले के गहमर इलाका में धान के भूसी लदले बिहार से गाजीपुर जात एगो ट्रक गहमर यूनियन बैंक शाखा का नियरा एगो गड़हा में पलट गइल. एकरा नीचे दू गो बच्चा दबा गइले सँ. लइकी के त लोग भूसा से बहरी निकाल लीहल बाकिर सात बरीस के एगो लइका ओही में मर गइल. एह हादसा से खिसियाइल लोग थाना प बवाल काटल आ सड़क प दू गो अउर ट्रक के आग लगा दीहल.
केन्द्रीय रेल राज्य मंत्री मनोज सिन्हा कछवा बाजार में एगो चुनावी सभा में बोलत सपा के ‘काम बोलता है’ प चुटकी लेत कहलन कि जिला में दू गो अजूबा पुल आ 12 बरीस पहिले से शिलान्यास का बादो अइसहीं पड़ल इंजीनियरिंग कालेज एकर सही उदाहरण बा. कहलन कि सपा सरकार के मुखिया नोयडा एक्सप्रेस वे के उदाहरण देलें जवना प हर किलोमीटर 32.85 करोड़ के खरचा आइल जबकि केन्द्र सरकार के एक्सप्रेस-वे प महज 18 लाख रुपिया खरच होला.
बिहार विधान परिषद के चार गो सीट ला होखत चुनाव महागठबंधन में फाँक लउके लागल बा. चार गो में एकहू सीट ना मिलला से नाराज कांग्रेस आपन दू गो उमीदवार मैदान में डाल दिहले बिया. एहीजा 9 मार्च के वोटिंग होखे जा रहल बा.
सुप्रीम कोर्ट का आदेश से मजबूर बिहार सरकार शहाबुद्दीन के बेउर जेल से दिल्ली खाति भेज दिहलसि. बाहुबली राजद नेता शहाबुद्दीन के बिहार संपर्क क्रान्ति ट्रेन से ले जाइल जाल बा.
सुप्रीम कोर्ट का आदेश का बाद सपा सरकार के मंत्री आ चुनाव में उमीदवार गायत्री प्रजापति समेत सात जने का खिलाफ गौतमपल्ली थाना में सामूहिक बलात्कार के मामिला लिखल गइल बा. हो सकेला कि एह मामिला में उनुकर गिरफ्तारियो हो जाव.
सोनभद्र जिला के राबर्ट्सगंज कोतवाली इलाका में वाराणसी-शक्तिनगर हाईवे प भइल सड़क हादसा में एगो ट्रैक्टर चालक के मौत हो गइल आ ओह प सवार दू जना घवाहिल हो गइलें. मिर्जापुर जिला के अदलहाट इलाका के मानिकपुर गाँव के ट्रैक्टर चालक अपना दू गो साथियन साथे अहरौरा से ईंटा लादके राबर्ट्सगंज आवत रहल जब तकिया गांव का नियरा एगो ट्रक से धक्का लाग गइल.
तमिलनाडु के मुख्यमंत्री ई पलनीसामी विधानसभा में विपक्ष के निकलवइला का बाद भइल वोटिंग में 122 विधायकन के समर्थन हासिल क के विश्वास मत जीत लिहलन. जाने जोग बा कि जयललिता के नाम प जीतल ई लोग आजु उनुका अनेके फैसला का खिलाफ हो गइल. पनीर सेल्वम प उनुका भरोसा रहल त पनीर सेल्वम के हटा गीहल गइल. शशिकला आ उनुका भतीजा के निकाल फेंकले रही त अब एही लोग के तूती बोलत बा गोल में. जयललिता मर गइली, शशिकला जिन्दाबाद.
महात्मा गाँधी पुल से सटले बनल हाजीपुर पटना पीपा पुल के उद्घाटन करत बिहार के उपमुख्यमंत्री ताजस्वी यादव कहलन कि जून ले दीघा पहलेजा, अउर आरा छपरा पुलो चालू हो जाई.
189 total views, 2 views today